Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नंबर वन टी20 बल्लेबाज बननें सूर्यकुमार यादव, पाकिस्तान के रिजवान के पीछे छोड़नें

629
भारत के स्टार बैटर सूर्यकुमार यादव आईसीसी के ताजा टी20 रैंकिंग में दुनिया के नंबर वन बल्लेबाज बन गइल बानें। ऊ एह मामिला में पाकिस्तान के मोहम्मद रिजवान के पीछे छोड़ दिहलें। ताजा आईसीसी रैंकिंग में सूर्यकुमार के 863 रेटिंग पॉइंट बानें। उहवें रिजवान के 842 रेटिंग पॉइंट बा। सूर्यकुमार रिजवान पर 21 रेटिंग पॉइंट के बढ़त बना के रखले बानें।
सूर्यकुमार एह साल टी20 में शानदार फॉर्म में दिखल बानें। उ एह साल ओवरऑल एह फॉर्मेट में सबसे ज्यादा रन बनावे वाले बल्लेबाज भी बानें। ऊ साल 2022 में अब ले (बांग्लादेश के खिलाफ मैच से पहिले) 27 मैच में 42.50 के औसत अउर 183.69 के स्ट्राइक रेट से 935 रन बनवलें बानें। सूर्यकुमार एह साल एक शतक भी लगवले बानें। ऊ एह साल इंग्लैंड के खिलाफ 117 रन के पारी खेलले रहनें। एह साल सूर्यकुमार टी20 अंतरराष्ट्रीय में एक शतक अउर आठ अर्धशतक लगवले बानें।

मोहम्मद रिजवान सूर्यकुमार के बाद लिस्ट में दूसरे नंबर पर बानें। ऊ एह साल 21 मैच में 123.84 के स्ट्राइक रेट से 888 रन बनवले बानें।  उहवें, तीसरे नंबर पर जिम्बाब्वे के सिकंदर रजा बानें। रजा एह साल 23 टी20 मैच में 151.40 के स्ट्राइक रेट से 701 रन बनवले बानें। एह साल टी20 अंतरराष्ट्रीय में सबसे ज्यादा रन बनावे वालन में विराट कोहली चौथे स्थान पर बानें। कोहली एह साल 18 मैच में 140.08 के स्ट्राइक रेट अउर 55.33 की औसत से अब ले 664* रन बनवले बानें।

2022 में टी20 अंतरराष्ट्रीय में सबसे ज्यादा रन
खिलाड़ी मैच रन स्ट्राइक
रेट
सूर्यकुमार यादव (IND) 27 935 183.69
मोहम्मद रिजवान (PAK) 21 888 123.84
सिकंदर रजा (ZIM) 23 701 151.40
विराट कोहली (IND) 18 664 140.08
पाथुम निसांका (SL) 23 646 110.23
ग्लेन फिलिप्स (NZ) 17 627 155.97
367630cookie-checkनंबर वन टी20 बल्लेबाज बननें सूर्यकुमार यादव, पाकिस्तान के रिजवान के पीछे छोड़नें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.