[the_ad_group id="30365"]

सूर्यकुमार टी20 प्लेयर ऑफ द ईयर के खातिर शॉर्टलिस्ट, रिजवान से मुकाबला, वनडे में कौनो भारतीय खिलाड़ी के नाम नाइ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट परिषद (आईसीसी) 2022 के सलाना अवॉर्ड खातिर खिलाड़ियन के नाम शॉर्टलिस्ट कर लिहल गइल बा। टी20 में विस्फोटक बल्लेबाज भारत के सूर्यकुमार यादव के चुनल गइल। उनके अलावा तीन अन्य खिलाड़ियन के भी शॉर्टलिस्ट कइल गइल। वनडे में एक्को भारतीय खिलाड़ी के जगह नाइ मिलल रहे। दूनों फॉर्मेट में पाकिस्तान के एक-एक खिलाड़ी मौजूद बाने।

सूर्यकुमार यादव के अलावा जिम्बाब्वे के सिकंदर रजा, इंग्लैंड के सैम करन अउर पाकिस्तान के मोहम्मद रिजवान के प्लेयर ऑफ द ईयर अवॉर्ड खातिर चुनल गइल बा। उहवें वनडे में पाकिस्तान के कप्तान बाबर आजम के साथ ऑस्ट्रेलिया के एडम जम्पा, जिम्बाब्वे के सिकंदर रजा अउर वेस्टइंडीज के शाई होप के नाम शॉर्टलिस्ट कइल गइल। सिकंदर रजा दूनों फॉर्मेट में अवॉर्ड खातिर शॉर्टलिस्ट होखे वाला इकलौता खिलाड़ी बानें।

T20 खातिर शॉर्टलिस्ट भइल खिलाड़ियन के 2022 में प्रदर्शन

खिलाड़ी मैच रन विकेट
सूर्यकुमार यादव 31 1164
सिकंदर रजा 24 735 25
सैम करन 19 67 25
मोहम्मद रिजवान 25 996

वनडे खातिर शॉर्टलिस्ट भइल खिलाड़ियन 2022 में प्रदर्शन

खिलाड़ी मैच रन विकेट
बाबर आजम 9 679
एडम जम्पा 12 30 30
सिकंदर रजा 15 645 8
शाई होप 21 709
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]