[the_ad_group id="30365"]

ऋषभ पंत भइलें हादसा के शिकार, डिवाइडर से टकरा के कार में लागल आग, शीशा तूड़ के निकालल गइल बहरा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के स्टार क्रिकेटर ऋषभ पंत सड़क हादसा के शिकार भइल बा। उनकर कार रुड़की में डिवाइडर से टकराइल बा। एह हादसा में पंत के मूड़ी अउर पैर में चोट लागल बा। हादसा के बाद कार में आग लाग गइल रहे अउर कार हर तरह से जर गइल। गाड़ी के शीशा तूड़ के पंत के बाहर निकालल गइल अउर अस्पताल पहुंचावल गइल। उनके प्लास्टिक सर्जरी कइल जाई। एकरे खातिर डॉक्टर लोग उनके दिल्ली रेफर कs दिहले बा।

पंत दिल्ली से अपने घर उत्तराखंड लौटत रहनें। रुड़की के नारसन बॉर्डर पर हम्मदपुर झाल के पास उनके कार हादसा शिकार भइल। पंत के सिर अउर पैर में चोट आई है। उनके पीठ में भी नगदे चोट लागल बा। हालांकि, उनकर हालत स्थिर बनल बा अउर उनके दिल्ली रेफर कs दिहल गइल बा।

पंत के गाड़ी काफी तेज रफ्तार में रहल अउर डिवाइडर से लड़ले के बाद गाड़ी रेलिंग तूड़ के दूसरे तरफ जा पहुंचल, जेकरे बाद ओमें आग लाग गइल। घटना बिहाने 5:30 बजे के बतावल जा रहल बा। हादसा के बाद राहगीर के सूचना पर गंभीर रूप से घाही ऋषभ पंत के दिल्ली रोड स्थित सक्षम हॉस्पिटल में भर्ती करावल गइल।

शुरुआत में पंत के हालत गंभीर रहल, लेकिन धीरे-धीरे उनके हालत में सुधार भइल। एकरे बाद उनके देहरादून के मैक्स अस्पताल ले जाइल गइल। जहां से उनके दिल्ली रेफर कs दिहल गइल बा। सक्षम हॉस्पिटल के डॉक्टर सुशील नागर बतवलें कि ऋषभ पंत के पैर में फ्रैक्चर आइल बा अउर माथा पर भी चोट बा। माथा पर कुछ टांका लगावल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]