[the_ad_group id="30365"]

मदरसा के सर्वे कौनो तरे के जांच नाइ, चेयरमैन प्रबंधन के नाम जारी कइलें सनेसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदरसा बोर्ड के चेयरमैन डॉ. इफ्तिखार अहमद जावेद कहलें कि मदरसन के सर्वे कौनो प्रकार के जांच नाइ रहल। कौनो मदरसा फर्जी, नकली चाहे अवैध नइखे।

सब मदरसा प्रबंधन के भेजल गइल सनेसा में ऊ कहने कि सरकार समय-समय सर्वे करावेले अउर जौन डाटा मिलsला ओकरे जरिये योजना बनावल जाला। सर्वे के चर्चा एहलिए ज्यादा हो गइल काहेसेकि पहिले के सरकार के मदरसन के सुधार के दिशा में कौनो काम नाइ कइल गइल।

ऊ कहनें कि मदरसन के जौन सर्वे भइल बा ओके सामान्य सर्वे समझल जाव, ई कौनो प्रकार के जांच नाइ रहल। मदरसा शिक्षा परिषद के संस्तुति पर प्रदेश में गैर मान्यता प्राप्त मदरसन के सर्वे के ऐतिहासिक काम तमाम मदरसा संचालकन अउर प्रबंधक के सहयोग से पूरा भइल बा। एकरे खातिर उनकर जितनी भी तारीफ कइल जाव ऊ कम होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]