[the_ad_group id="30365"]

स्थापना दिवस के डायमंड जुबिली के रूप में मनाई एमएमएमयूटी, 1962 में पड़ल रहे नींव

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय (एमएमएमयूटी) में एक दिसंबर के स्थापना दिवस के डायमंड जुबली वर्ष मनवले के शुरूआत होई। एह उपलक्ष्य में पूरे साल कार्यक्रम आयोजित कइल जाई।

एक दिसंबर के उद्घाटन सत्र के मुख्य अतिथि विश्वविद्यालय के पुरान छात्र अउर पूर्वोत्तर रेलवे के वरिष्ठ उप महाप्रबंधक अउर मुख्य सतर्कता अधिकारी डीके सिंह होइहें। विशिष्ट अतिथि को-फोर्ज के चीफ इंटेलिजेंस एंड सिक्योरिटी ऑफिसर जीतेंद्र भारद्वाज होइहें।

डायमंड जुबिली समारोह के आयोजन के ले के सुक्क के बइठक भइल जेमें उद्घाटन के दिन के कार्यक्रम के रूपरेखा तैयार कइल गइल। विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. जेपी पांडेय बतवलें कि पुरान छात्र रक्तदान करिहें अउर खेलकूद के गतिविधियन में भाग लीहें। एकरे अलावा व्याख्यान आयोजित कइल जाई। पुरातन छात्र गरीबन में बांटे खातिर निम्मन पुरान कपड़ो करिहें।

1962 में पड़ल रहे नींव

मदन मोहन मालवीय प्रौद्योगिकी विश्वविद्यालय के नींव 1962 में पड़ल रहे। ऊ, महामना पंडित मदन मोहन मालवीय मेमोरियल इंजीनियरिंग कॉलेज नाम रखल गइल। अस्तित्व में अइले के बाद इंजीनियरिंग कॉलेज के गोरखपुर विश्वविद्यालय से संबद्ध कइल गइल। बरिस 2013 में इंजीनियरिंग कॉलेज के विश्वविद्यालय के मान्यता मिलल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]