Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Suresh Raina Retirement: स्टार क्रिकेटर सुरेश रैना के क्रिकेट के सब प्रारूपन से सन्यास, अब आईपीएलो में ना लउकी रैना के जलवा

भारत के स्टार क्रिकेटर सुरेश रैना सोशल मीडिया पs आपन संन्यास के एलान कइलें बाड़ें। ऊ अगस्त 2020 में अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट से संन्यास लेले रहस आ लगभग दु साल बाद घरेलू क्रिकेट आ टी20 लीगो के अलविदा कह देले बाड़ें।

995

पूर्व भारतीय स्टार बल्लेबाज सुरेश रैना क्रिकेट के सब प्रारूपन से संन्यास के ऐलान कs देलस। अब रैना आईपीएल आ घरेलू क्रिकेट खेलतहु ना लउकिहे। रैना 15 अगस्त 2020 के महेंद्र सिंह धोनी के साथे अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के अलविदा कह देले रहस। एकरा बाद आईपीएल में उनकर प्रदर्शन बहुते निराशाजनक रहल रहे। एही कारण से आईपीएल 2022 के मेगा ऑक्शन में उनका कवनो खरीदार ना मिलल। अब रैना आईपीएल आ घरेलू क्रिकेटोह के अलविदा कह देले बाड़ें। सुरेश रैना आईपीएल के सबसे सफल बल्लेबाजन में से एगो हवे आ उनका के मिस्टर आईपीएल कहल जात रहे। हालांकि, बाद में उनकर फॉर्म खराब भइल आ एह टूर्नामेंट में रैना संघर्ष करत नजर अइले।

सुरेश रैना सोशल मीडिया पs अपना संन्यास के जानकारी देले। ऊ ट्वीट कs के लिखले “मेरे देश और मेरे राज्य उत्तर प्रदेश का प्रतिनिधित्व करना मेरे लिए गर्व की बात रही। मैं क्रिकेट के सभी प्रारूपों से अपने संन्यास का एलान करना चाहूंगा। मैं बीसीसीआई, उत्तर प्रदेश क्रिकेट एसोसिएशन चेन्नई सुपर किंग्स, राजीव शुक्ला सर और अपने सभी फैंस को धन्यवाद कहना चाहूंगा।”


सुरेश रैना अपना पसंदीदा कप्तान महेंद्र सिंह धोनी के संगही अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट के अलविदा कहले रहस। एकरा पीछे रैना कइयन गो कारण बतवले रहस। ऊ एगो मीडिया संस्थान से बात करत कहले रहस- हमनी के पहिलही 15 अगस्त के दिन रिटायर होखे के प्लान बनवले रहनी सs। धोनी के जर्सी के नंबर 7 हs आ हमार 3 हs। ई मिलाके 73 बनेला। 15 अगस्त, 2020 के भारत आजादी के 73 साल पूरे कइलस। एहसेससे बेहतर दिन ना हो सकत रहे।

रैना कहले रहस- धोनी अपना करियर के शुरुआत 23 दिसंबर (2004) के बांग्लादेश के खिलाफ चटगांव में कइलें रहस, जबकि हम आपन डेब्यू 30 जुलाई (2005) के श्रीलंका के खिलाफ कइले रहनी। हमनी दुनु अंतरराष्ट्रीय क्रिकेट में लगभग एक साथे शुरुआत कइनी सs, सीएसके में साथ रहनी सs आ एहिसे अब हमनी के एक साथे रिटायर भइनी सs।

भारत खातिर तीनों फॉर्मेट में शतक लगावे वाला पहिला बल्लेबाज

रैना अपना अंतरराष्ट्रीय करियर में 18 टेस्ट, 226 वनडे आ 78 टी-20 मुकाबला खेलले। टेस्ट में रैना के नामे एगो शतक के साथे 768 रन बा। 226 वनडे मैचन में रैना पांच शतकन के मदद से 5615 रन बनवले। ओहिजा, 78 टी-20 मुकाबलन में रैना भारत खातिर 1604 रन बनवले। एमे एगो शतको शामिल बा। रैना तीनों फॉर्मेट में भारत खातिर शतक लगावे वाला चुनिंदा बल्लेबाजों में से बाड़ें

आईपीएल में रैना के नामे दर्ज बा कइयन गो रिकॉर्ड

सुरेश रैना के नामे आईपीएल में कइयन गो रिकॉर्ड दर्ज बा। ऊ प्लेऑफ में सबसे जादे रन (714), प्लेऑफ आ फाइनल मैच के मिलाके सबसे जादे छक्का (40), सबसे जादे चउका (51), सबसे जादे अर्धशतक (7), सबसे तेज अर्धशतक (16 गेना) आ पावरप्ले में सबसे बड़ स्कोर (87 रन) बनवले बाड़ें। ऊ एकमात्र खेलाड़ी बाड़े, जे आईपीएल के फाइनल, क्वालीफायर आ एलिमिनेटर मैच में प्लेयर ऑफ द मैच के खिताब जीतले बाड़ें।

323110cookie-checkSuresh Raina Retirement: स्टार क्रिकेटर सुरेश रैना के क्रिकेट के सब प्रारूपन से सन्यास, अब आईपीएलो में ना लउकी रैना के जलवा

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.