[the_ad_group id="30365"]

Asia Cup 2022: पाकिस्तान से 5 विकेट से हारल भारत, हजारन फैन्स के टूटल सपना, भारत के फाइनल में पहुंचे खातिर सुपर 4 के दुनु मैच जीते के पड़ी…

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

IND vs PAK: पाकिस्तान भारत के एशिया कप सुपर-4 के दूसरा मुकाबला में भारत के 5 विकेट से हरा देलस। भारत विराट कोहली के अर्धशतक के बदौलत पाकिस्तान के खिलाफ पहिले बल्लेबाजी करत 20 ओवर में 7 विकेट खोके 181 रन बनवले रहे। एकरा जवाब में पाकिस्तान 1 गेना शेष रहते 5 विकेट पs 182 रन बनाके एह मैच के अपना नावे कइलस। 182 रन के टारगेट के पीछा करने उतरल पाकिस्तान के बाबर आ रिजवान के बीचे पहिला विकेट खातिर 22 गेना में 22 रन के साझेदारी भइल। बाबर 14 रन बनाके आउट भइले। फखर जमां 18  गेना में 15 रन बनवले। मोहम्मद नवाज तूफानी पारी खेलके आउट भइले। ऊ 20 गेना में 42 रन के पारी खेलले। मोहम्मद रिजवान 71 रन बनाके पवेलियन लवटले। एकराबाद आसिफ अली आ खुशदिल मैच के जीत के करीब ले गइल लो।

एकरा पहिले टॉस हारके पहिले बल्लेबाजी करे उतरल रोहित शर्मा आ केएल राहुल टीम के दमदार शुरुआत दिलावल लो। दुनो के बीचे पहिला विकेट खातिर 31 गेना में 54 रन के साझेदारी भइल। रोहित शर्मा 16 गेंद में 28 रन बनाके पवेलियन लवटले। केएल राहुल 28 रन बनाके आउट हो गइले। विराट आ कुमार के बीच तीसरा विकेट खातिर 29 रन के साझेदारी भइल। सूर्यकुमार यादव 13 रन के जोगदान देले। कोहली पंत के साथ मिलके चउथा विकेट खातिर 25 गेना में 35 रन जोडले। ऋषभ पंत खराब शॉट खेलके 14 रन बनाके आउट भइले। हार्दिक पांड्या बिना खाता खोलले आउट भइले। विराट कोहली 44 गेना में 60 रन बनवले। कोहली हुड्डा के साथे मिलके छठा विकेट खातिर 24 गेना में 37 रन के साझेदारी कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]