[the_ad_group id="30365"]

एशिया कप 2022: पाकिस्तान के हार पर टिकल बा भारत के किस्मत, जानीं अब्बो कइसे फाइनल में पहुंच सकतिया टीम इंडिया

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एशिया कप टी-20 टूर्नामेंट में मंगर के भारत के श्रीलंका के खिलाफ छह विकेट से हार के सामना करे के पड़ल। सुपर फोर राउंड में मिलल ए हार से भारत एशिया कप से बाहर होखला के कगार पर बा। श्रीलंका से पहिले भारतीय टीम के सुपर-4 राउंड में ही पाकिस्तान के खिलाफ भी हार के सामना करे के पड़ल रहे।
हालांकि, टीम इंडिया अब्बो फाइनल में आपन जगह बना सकतिया। एकरे खातिर ओके अफगानिस्तान के खिलाफ जीत के साथ-साथ दूसरे टीम के नतीजा पर भी निर्भर रहे के पड़ी। 10 महीना पहिले टी-20 वर्ल्ड कप में भी भारतीय टीम के सोझे कुछ एही तरे के समीकरण बनल रहे। लेकिन तब कुछउ उनका पक्ष में नाइ गइल रहे अउरी टीम इंडिया टी-20 वर्ल्ड कप के सुपर-12 राउंड से बाहर हो गइल रहे

एह समय के प्वाइंट्स टेबल के ताजा हाल

सुपर फोर के प्वाइंट्स टेबल के बात कइल जाय त श्रीलंका दो जीत के साथ अब टॉप पे बा। उहवें पाकिस्तान एक जीत के साथ दूसरे नंबर पर बा। दूनों का नेट रन रेट पॉजिटिव बा। उहवें, भारत निगेटिव रन रेट (-0.125) के संगे अउरी दू हार के संगे तीसरा स्थान पर बा।

सुपर-4 राउंड प्वाइंट्स टेबल

टीम मैच जीतलें हरलें नेट रन रेट
श्रीलंका 2 2 0 +0.351
पाकिस्तान 1 1 0 +0.126
भारत 2 0 2 -0.125
अफगानिस्तान 1 0 1 -0.589

अफगानिस्तान -0.589 नेट रन रेट के साथ चउथे स्थान पर बा। भारतीय टीम के लग्गे फाइनल में पहुंचले के मौका बा। हालांकि, ओकरे खातिर बुध के पाकिस्तान-अफगानिस्तान के बीच होखे वाला मैच अहम होई। पाकिस्तान के टीम अगर आज जीतल त भारत अउरी अफगानिस्तान दूनों एशिया कप से बाहर हो जइहें।


श्रीलंका से हार के बाद अर्शदीप, पंत अउर रोहित शर्मा

भारत एशिया कप के फाइनल में कइसे पहुंच सकेला?

ओकरे खातिर एह पैमाना पर गौर करे के होई-

  • 7 सितंबर: अफगानिस्तान पाकिस्तान के हरा दे।
  • 8 सितंबर: भारत अफगानिस्तान के हरा दे।
  • 9 सितंबर: श्रीलंका पाकिस्तान के हरा दे।
  • भारत के नेट रन रेट पाकिस्तान-अफगानिस्तान से बेहतर होखे
  • 11 सितंबर: भारत बनाम श्रीलंका फाइनल।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]