[the_ad_group id="30365"]

सुपर स्टार सिंगर 2 के फिनाले के उलटी गिनती शुरू, अलका यागिनी के मिलल ई खास पुरस्कार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

देश के उभरत गायन प्रतिभा के मंच देवे वाले देसी किड्स सिंगिंग रियलिटी शो सुपर स्टार सिंगर 2 के फिनाले के शनिचर 3 सितंबर के रात 8 बजे से सोनी चैनल पर प्रसारण के तैयारी पूरा हो गइल बा। फिनाले में पहुंचल चोटी के छह प्रतियोगियन में से केहू एक के एह शो के विजेता के ताज पहिरावल जाई।

एह प्रतियोगियों में शामिल बानें, जोधपुर के मोहम्मद फैज, धरमकोट के मणि, पश्चिम बंगाल की प्रांजल बिस्वास, मोहाली की साइशा गुप्ता, केरल की आर्यनंदा आर. बाबू और ऋतुराज। एह फिनाले के शूटिंग पूरा हो चुकल बा। मोहम्मद फैज के एह सीजन के सबसे फेवरिट सिंगर मानल जा रहल बा। उहवें एह फिनाले में मशहूर गायिका अलका यागिनी के भी एगो खास पुरस्कार से सम्मानित कइल जाई।

ग्रैंड फिनाले के शूटिंग के दौरान मौजूद रहल लोग के मुताबिक ई कार्यक्रम संगीत के एगो अनोखा धमाल होई। एह शानदार साँझ के सबका खातिर खास बनावत ‘सुपरस्टार अवॉर्ड्स नाइट’ भी आयोजित कइल जा रहल बा। एहमें अभिनेत्री पद्मिनी कोल्हापुरे अउरी पूनम ढिल्लों, मशहूर संगीतकार आनंद जी, शानदार गायक शब्बीर कुमार, सोनू कक्कड़ अउरी भूमि त्रिवेदी आदि खासतौर से हिस्सा लेवे वाला बाड़न।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]