[the_ad_group id="30365"]

गजल के दिग्गज गायक भूपिंदर सिंह के 82 साल के उमिर में निधन, पीएम मोदी दुख जतवले

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉलीवुड के दिग्गज गजल गायक भूपिंदर सिंह के सोमवार के सांझ निधन हो गईल। उनुका मौत के खबर से पूरा फिल्म जगत में शोक के लहर मच गईल बा। सोशल मीडिया के माध्यम से उनुका के श्रद्धांजलि दिहल जा रहल बा। भूपिंदर सिंह के मौत के बारे में जानकारी उनुकर पत्नी मिताली सिंह देले बाड़ी। कुछ समय से उ स्वास्थ्य के मुद्दा से जूझत रहले। साथ ही उनुका पेशाब के दिक्कत भी रहे।

कई मशहूर गीत गवले हवें भूपेंद्र सिंह

भूपिंदर सिंह कई बेहतरीन नगमे गवले। जइसे नाम गुम जाएगा, होठों पे ऐसी बात, करोगे याद तो, मीठे बोल बोले, खुश रहो अहले-वतन हम तो सफर करते हैं, कभी किसी को मुकम्मल जहां नहीं मिलता, दरो-दीवार पे हसरत से नजर करते हैं शामिल बा। ई गीत लोग आजो गुनगुनावे ला। भूपिंदर सिंह कई बेहतरीन एल्बम गीतो गवलें।

पीएम मोदी दुख जतवले

एकरा संगे-संगे प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भूपिंदर सिंह के मौत प दुख जतवले। पीएम मोदी ट्वीट क लिखले कि, “दशक से यादगार गीत देवे वाला श्री भूपिंदर सिंह जी के निधन से दुखी बानी। उनुका काम से बहुत लोग प्रभावित भईल बा। दुख के ए घड़ी में उनुका परिवार अवुरी प्रशंसक के प्रति हमार संवेदना। शांति शांति शांति।”

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]