[the_ad_group id="30365"]

जुबिन नौटियाल आतंकवादियन के साथ कs रहल बानें काम! पोस्टर सोझे अतही उठल गिरफ्तारी के मांग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बायकॉट बॉलीवुड बीते काफी दिन से सोशल मीडिया से ले के सिनेमाघर तक में आफत मचा रखले बा। लेकिन अब एही बीच सोशल मीडिया पs इंडस्ट्री के पॉपुलर सिंगर जुबिन नौटियाल भी लगातार ट्रेंड हो रहल बानें। अब रउआ सोच रहल होखब कि एहमें नया का बा। काहेसेकि जुबिन अक्सर अपने गाना के चलते ट्रेंड करत रहेने, लेकिन एह बेर मसला कुछ अउरी बा, जौन उनके करियर के संगे-संगे उनकर छवि पर भी दाग लगा सकsता।

ट्विटर पर अरेस्ट जुबिन नौटियाल बीतल दिन से पहिले नंबर पर ट्रेंड कs रहल बा। जुबिन नौटियाल के नाम के एह हैशटैग पs हजारो ट्वीट्स कइल गइल बा, जेकरे जरिए सिंगर के गिरफ्तार करे के मांग कइल जा रहल बा।

बॉलीवुड के कई फिल्मन में अउर म्यूजिक एलबम्स में अपने आवाज के जादू चलावे वाले जुबिन के अपने कॉन्सर्ट्स खातिर अक्सर अपने ट्रेंड करत देखले होइहें, लेकिन एह बेर ‘राता लंबियां’, ‘दिल गलती कर बैठा है’ जइसन सुपरहिट गाना गा चुकल जुबिन अपने आगामी कॉन्सर्ट के वजह से ऊ नेटिजन्स के निशाना पर आ गइल बानें।

लोग उनके जम के ट्रोल कs रहल बानें लेकिन जुबिन के मुश्किलें बस ट्रोलिंग तक ले नाइ रुकल, ट्रोल होखले के साथ-साथ लोग पुलिस से उनके गिरफ्तार कइलें के मांग भी कs रहल बानें। एकरे पीछे एगो बहुत बड़ वजह बा।  ट्विटर पर जुबिन नौटियाल के आगामी कॉन्सर्ट के एगो पोस्टर तेजी से वायरल हो रहल बा, जौन उनके खातिर परेशानी के सबब बन गइल बा।

https://twitter.com/Sriv081/status/1568255477527777281?s=20&t=li1Fa4zOJccM0fONfQ59ag

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]