[the_ad_group id="30365"]

छपरा के रस्ता सहरसा से नई-दिल्ली तक चली ग्रीष्मकालीन स्पेशल : यात्रियन के बढ़त भीड़ के लेके रेलवे लेलस निर्णय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

छपरा। रेलवे प्रशासन गरमी में यात्रियन के हो रहल अतिरिक्त भीड़ के धेयान में रखत यात्रियन के सुविधा खातिर 04037 सहरसा-नई दिल्ली वाया छपरा, सीवान ग्रीष्मकालीन अनारक्षित विशेष गाड़ी के संचलन सहरसा से 22 अप्रिल, 2024 के एकल यात्रा खातिर एह तरे कइल जा रहल बा।

ई ट्रेन छपरा से सिवान गोरखपुर के रास्ते नई दिल्ली तक जाई। एह ट्रेन के संचालन वन साइड ट्रेवलिंग ट्रेन के रूप में कइल जा रहल बा। ई जानकारी जनसंपर्क पदाधिकारी अशोक कुमार पत्र जारी करत देलें बाड़ें।

देखीं ट्रेन के रूट

ट्रेन संख्या 04037 सहरसा-नई दिल्ली ग्रीष्मकालीन अनारक्षित विशेष गाड़ी 22 अप्रिल, 2024 के सहरसा से 07:00 बजे प्रस्थान कs के मानसी से 07:58 बजे, खगड़िया से 08:07 बजे, बेगूसराय से 08:36 बजे, बरौनी से 09:10 बजे, दलसिंहसराय से 09:47 बजे, समस्तीपुर से 10:14 बजे, मुजफ्फरपुर से 11:10 बजे, हाजीपुर से 12:10 बजे, सोनपुर से 12:20 बजे, छपरा से 14:05 बजे, सीवान से 15:00 बजे, देवरिया सदर से 15:58 बजे, गोरखपुर से 17:05 बजे, खलीलाबाद से 17:46 बजे, बस्ती से 18:11 बजे, गोण्डा से 19:40 बजे, बाराबंकी से 21:17 बजे, ऐशबाग से 22:25 बजे।

दूसरका दिन कानपुर सेन्ट्रल से 00:15 बजे, इटावा से 01:42 बजे, टुण्डला से 02:52 बजे, अलीगढ़ से 04:07 बजे आ गाजियाबाद से 06:02 बजे छूटके नई दिल्ली 07:00 बजे पहुंचेगी। एह गाड़ी में सब कोच अनारक्षित श्रेणी के लगावल जा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]