[the_ad_group id="30365"]

एह राजा के लगे बा 7 हजार से जादा गाड़ी, प्राइवेट जेट पs जड़ल बा सोना

ब्रुनेई के सुल्तान हसनल बोलकिया
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

एक दू गो ना, ब्रुनेई के सुल्तान हसनल बोलकिया के लगे 7 हजार से अधिका गाड़ी बा। इनकर सिलसिला खाली गाड़ी से ना खतम होला. उनकर निजी जेट पs सोना के परत लगावल गइल बा. ब्रुनेई के सुल्तान हीरा अवुरी सोना के गाड़ी में सफर करेले। उनुका कार संग्रह में रोल्स-रॉयस, बेंटले, पोर्शे, लेम्बोर्गिनी अवुरी फरारी जईसन लग्जरी कार शामिल बा। दुनिया भर के सबसे महंगा गाड़ी आपके गैराज में खड़ा देखाई दिही।

ब्रुनेई के सुल्तान के लगे गाड़ी

अगर हमनी के उनुका कार कलेक्शन के बात कईल जाए तs आप लोग के इs जान के अचरज होई कि करोड़ों के गाड़ी एक-दु ना बालुक सैकड़ों के बा। 600 रोल्स रॉयस, 450 फरारी अवरू 380 बेंटले के मालिक राजा के लगे जादा कार बा। सुल्तान के लगे दुनिया के सबसे महंगा कार बा, जवना में पोर्श, लेम्बोर्गिनी, मेबैक, जगुआर, मर्सिडीज बेंज, बीएमडब्ल्यू अवुरी मैकलेरेंस शामिल बा।

गिनीज वर्ल्ड रिकार्ड में शामिल नाव

ब्रुनेई के सुल्तान के 7 हजार से अधिका गाड़ी के सूची में सोना चढ़ावल कार अवुरी हीरा से जड़ल कार भी शामिल बा। एह गाड़ियन में एडवांस फीचर दिहल गइल बा. इनकर डिजाइन सभकर ध्यान अपना ओर खींचे वाला बा। ब्रुनेई के सुल्तान के नाम भी गिनीज वर्ल्ड रिकॉर्ड में दर्ज भईल बा। उनुका लगे दुनिया के सबसे बड़ कार कलेक्शन बा।

सोना के परत चढ़ल निजी जेट
ब्रुनेई के सुल्तान के लगे ना खाली गाड़ी बा, बालुक उनुका लगे अल्ट्रा लग्जरी प्राइवेट जेट विमान के संग्रह भी बा। उनकर निजी जेट फ्लीट में बोइंग 747-400, एयरबस A340-200 आ बोइंग 767-200 शामिल बा। ई सामान्य जेट ना हवें, हीरा आ सोना से जड़ल बा। एहमें हर चीज के विलासिता दिहल गइल बा. सगरी फीचर आ सुविधा उपलब्ध बा.

इहो पढ़ीं: अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ प्यार तs भइल बाकिर ताउम्र रहली अकेले…एह सुपरस्टार हीरोइन के जानीं कहानी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]