[the_ad_group id="30365"]

बिहार में मेल टीचर के माई बनले के छुट्टी, अइसे भइल ‘मैटरनिटी लीव

बिहार में मेल टीचर के मिलल मैटरनिटी लीव
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के शिक्षा विभाग एक बेर फेरु सुर्खियन में बा। ताजा मामला वैशाली जिला के महुआ के बा, जहां शिक्षा विभाग एगो पुरुष शिक्षक के प्रसूति अवकाश देले रहे। हँ, रउरा तs ठीके सुनले बानी. एगो पुरुष शिक्षक के प्रसूति अवकाश दिहल गईल अवुरी उs कई दिन ले स्कूल से अनुपस्थित रहल। एकरा के लेके विभाग में बवाल मचल बा अवुरी मामला के जांच शुरू हो गईल बा।

वैशाली जिला के हसनपुर उच्च माध्यमिक विद्यालय महुआ में तैनात शिक्षक जितेन्द्र कुमार के 2 दिसंबर से 10 दिसंबर ले प्रसूति अवकाश पs छुट्टी दिहल गईल। इs जानकारी शिक्षा विभाग के सरकारी पोर्टल से निकलल, जहां जितेंद्र कुमार प्रसूति अवकाश पs स्कूल से अनुपस्थित होखे के बात बतावल गईल। जसही इs जानकारी वायरल भईल, सोशल मीडिया पs लोग एकर मजाक उड़ावे लगले अवुरी विभाग के आलोचना के सामना करे के पड़ल।

जांच में पता चलल

विभाग के जब एs घटना के खबर मिलल तs उs लोग मामला के जांच शुरू कs देले। एs मामला में सफाई देत स्थानीय प्रखंड शिक्षा अधिकारी अर्चना कुमारी बतवली तकनीकी गड़बड़ी के चलते अयीसन भईल। उs बतवले कि सरकारी पोर्टल पs छुट्टी के आवेदन अपलोड करत समय मेटरनिटी लीव के एंट्री हो भईल, जवन कि पुरुष शिक्षक खातीर गलत रहे। अर्चना कुमारी इहो कहली कि ई डाटा एंट्री के गलती हs आ एकरा के सुधारल जाई.

इहो पढ़ीं :अतवारी छौंक: ‘बात कुछ पुरनका दौर के’ साया के जइसन ताउमिर साथे रहलें दिलीप कुमार आ सायरा बानो.. अइसन रहे लव स्टोरी

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]