[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: केस दर्ज होखले के बाद आरोपी छात्रन के प्रवेश पर रोक, गंभीर धारा में दर्ज बा मुकदमा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राजकीय आश्रम पद्धति विद्यालय गौनर बाबू विशुनपुरा में बवाल में एगो प्रवक्ता अउरी आठ छात्रन पर दर्ज केस के बाद उनके प्रवेश पर रोक लगा दिहल गइल। प्रभारी प्रधानाचार्य छात्रन के रजिस्टर्ड पत्र भेज के एसे अवगत करवले बानें। पत्र के जरिये बतवलें कि जांच पूरा भइले के विद्यालय में प्रवेश पर रोक लगा दिहल गइल बा।
जानकारी के मुताबिक, 20 सितंबर के साँझ साढ़े सात बजे विद्यालय के छात्र जमकर बवाल कइले रहलें। आक्रोशित छात्र लोग तैयार भोजन के रसोई घर के फर्श पर पलटने के साथ कैंपस अउरी प्रधानाचार्य आवास में तोड़फोड़ कइलें रहलें। एकरे बाद छात्र धरना पर बइठ गइल रहलें। एसडीएम शिवम सिंह छात्रन के कौनो तरे मना के भोजन खातिर तैयार कइले। छात्रन के लागल कि एसडीएम के मौजूदगी में जौन बात भइल रहे, ओसे उनकर समस्या के हल हो जाई।
एह मामला में अगले दू दिन बाद विद्यालय के संविदा गणित प्रवक्ता श्रीराम सिंह के घटना खातिर जिम्मेदार मानत छात्र अनुज राजभर, नीलेश गुप्ता, अमरजीत, विकास, धीरज, रविशंकर, अतुल अउर रामाश्रय कुमार के खिलाफ आपराधिक साजिश, लूटपाट सहित अन्य धारा में केस दर्ज करावल गइल रहे।

पुलिस एह मामला के जांच कs रहल बा। एकरे बाद विद्यालय प्रशासन  छात्रन के खिलाफ अनुशासनात्मक कार्रवाई करत नामजद सब छात्रन के विद्यालय परिसर में प्रवेश पर पूर्ण रूप से प्रतिबंध लगा दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]