[the_ad_group id="30365"]

Share Market Open: ग्लोबल संकेतन के कारण मजबूत खुलल भारतीय शेयर बाजार, निफ्टी आ सेंसेक्स दुनो हरियर निशान में

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारतीय शेयर बाजार में सोमार के सुरुआत तेजी के संगे भइल। बाजार के दुनो सूचकांक हरियर निशान में कारोबार कर रहल बा। बीएसई सेंसेक्स 507.63 अंक भा 0.89 प्रतिशत 60,316.45 अंक आ निफ्टी 160.65 अंक भा 0.91 प्रतिशत 17,755.00 अंक के तेजी के संगे बंद भइल।

एनएसई पs सबेरे 9:40 बजे तक 1603 शेयर तेजी के संगे 299 शेयर गिरावट के संगे बंद भइल। एनएसई में ऑटो, आईटी, मेटल, रिल्यटी, एनर्जी आ इन्फ्रा के संगे लगभग सब इंडस्क तेजी निशान में कारोबार करत रहे। कवनो इंडेक्स लाल निशान में ना रहे।

टॉप गेनर्स

सेंसेक्स पैक में एचसीएल टेक, पावर ग्रिड, इन्फोसिस, बजाज फिनसर्व, एचडीएफसी, एनटीपीसी, एशियन पेंट्स, टीसीएस, एचडीएफसी बैंक, विप्रो, रिलायंस, भारती एयरटेल, टाइटन, टाटा मोटर्स, एमएंडएम, आईटीसी, एक्सिस बैंक, एचयूएल के संगे सब 30 शेयरन में हरियर निशान में कारोबार हो रहल बा।

दुनिया के बाजारन के हाल

एशिया के बाजारन में आज मिलल जुलल कारोबार होत दिखाई दे रहल बा। हांगकांग, ताइवान, साउथ कोरिया, इंडोनेशिया आ जापान के बाजार हरियर निशान में कारोबार कर रहल बा। ओहिजा, शंघाई आ बैंकॉक के बाजार लाल निशान में बा। अमेरिकी बाजार सुक के तेजी के संगे बंद भइल रहे। कच्चा तेल के बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 0.65 डॉलर भा 0.76 प्रतिशत गिरके 85.19 डॉलर प्रति बैरल पs कारोबार कर रहल बा।

रुपिया में तेजी

डॉलर के मुकाबले रुपिया में आज तेजी देखे के मिलल बा। सुरुआती कारोबार में डॉलर के मुकाबले रुपिया चढ़के 81.73 के स्तर पs पहुंच गइल रहे। रुपिया में तेजी अइसन समय पs आइल बा। जब भारतीय शेयर बाजार में दमदार तेजी देखे के मिलल रहे। इंटरबैंक एक्सचेंज के आंकड़न के मोताबिक, डॉलर के मुकाबला रुपिया 81.85 के स्तर पs खुलल रहे, जवना के तुरंत बाद ई 81.73 पs पहुंच गइल रहे। सुक के डॉलर के मुकाबला रुपिया 81.97 के स्तर पs बंद भइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]