Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

मार्जिन ट्रेडिंग के माध्यम से बिना पईसा के कर सकत बानी निवेश

Share Market में निवेश करे खातिर निवेशक कबो कबो ब्रोकर कम्पनियन से लोन लेवेला लोग। ई लोन ओह लोगन के ओह लोगन द्वारा निवेश कइल गइल अमाउंट के आधार पs मिलेला। एह तरह से कइल गइल निवेश के मार्जिन ट्रेडिंग कहल जाला।

3,042

मार्केट में पईसा कमाये के कइयन तरीका होला। एही तरीकन में से एगो हs मार्जिन ट्रेडिंग। हमनी सभे ई शब्द सुनले होखेम। एह प्रकार के ट्रेडिंग करत घरी एक्सचेंज कम्पनी निवेशकन के लोन प्रदान करेली सs। माने कि जदि रउआ लगे पईसा नइखे तबो रउआ लोन लेके निवेश कs सकत बानी आ लाभ कमा सकत बानी। एह आर्टिकल में हमनी के एकरा बारे में विस्तार से जानल जाई।

Share Market में निवेश करे खातिर निवेशक कबो कबो ब्रोकर कम्पनियन से लोन लेवेला लोग। ई लोन ओह लोगन के ओह लोगन द्वारा निवेश कइल गइल अमाउंट के आधार पs मिलेला। एह तरह से कइल गइल निवेश के मार्जिन ट्रेडिंग कहल जाला। मार्जिन ट्रेडिंग खातिर निवेशकन के एगो मार्जिन अकाउंट खोलावे के होला। बता दीं कि एह दिहल गइल लोन पs कम्पनियन कावर से ब्याजो लिहल जाला।

एह दिहल गइल अमाउंट के बदला में सिक्योरिटी के तौर पs कम्पनियन के लगे निवेश कइल शेयर्स होला। माने कि कवनो परिस्थिति में कम्पनी रउआ द्वारा निवेश कइल गइल शेयर्स के माध्यम से आपन पईसा निकाल सकत बिया। हालांकि नया निवेशकन के तुरंत मार्जिन ट्रेडिंग के सुविधा ना मिलेला। संगही मार्जिन अकाउंट में रिस्को बहुत होला एहिसे नया निवेशकन के एकरा से बचे के सलाह दिहल जाला।

474660cookie-checkमार्जिन ट्रेडिंग के माध्यम से बिना पईसा के कर सकत बानी निवेश

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.