Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पांच फीसद प्रीमियम के संगे लिस्ट भइल एह कंपनी के शेयर, ई बा स्टॉक के भाव

दिवगी टॉर्कट्रांसफर सिस्टम्स के शेयरन के आज शेयर बाजार में लिस्टिंग हो गइल। Divgi TorqTransfer Systems के शेयरन में सुरुआती कारोबार में तेजी देखल गइल बाकिर बाद में शेयर कमजोर पड़ल आ एमें गिरावट आ गइल।

3,777

दिवगी टॉर्कट्रांसफर सिस्टम्स के शेयर मंगर के शेयर बाजार में लिस्ट हो गइल। 590 रुपिया के निर्गम मूल्य के मुकाबले 5 प्रतिशत प्रीमियम के संगे ई शेयर ने बाजार में सुरुआत कइलस। एनएसई पs आईपीओ वैल्यू से 5.08 प्रतिशत ऊपर 620 रुपिया के स्तर पर स्टॉक के सुरुआत भइल।

बीएसई पs स्टॉक 1.69 फीसदी के प्रीमियम के संगे 600 रुपिया पs खुलल। जइसे-जइसे बेयपार आगे बढ़ल, स्टॉक आपन सुरुआती बढ़त खो देलस आ एनएसई पs 3.39 प्रतिशत के गिरावट के संगे 570 रुपिया पs कारोबार करे लागल। बीएसई पs शेयर क्रमशः 570.40 रुपिया पs 3.32 प्रतिशत तक गिरल।

Divgi TorqTransfer Systems के मजबूत सुरुआत

सुरुआती कारोबार में सेंसेक्स आ निफ्टी, दुनो सूचकांक लाल रंग में कारोबार करत रहे। Divgi TorqTransfer Systems के आरंभिक सार्वजनिक निर्गम (IPO) 3 मार्च के अंतिम दिन 5.44 गुना सब्सक्राइब भइल। प्रस्ताव में 180 करोड़ रुपिया मूल्य के शेयरन के ताजा ऑफरिंग आ 39.34 लाख इक्विटी शेयरन के बिक्री के प्रस्ताव रहे। एकर प्राइस रेंज 560-590 रुपिया प्रति शेयर तय कइल गइल रहे।

का बा कंपनी के प्रोफाइल

Divgi TorqTransfer Systems पुणे स्थित एगो ऑटोमोटिव कंपोनेंट कंपनी हs, जवन सिस्टम लेवल ट्रांसफर केस, टॉर्क कपलर आ डुअल क्लच ऑटोमैटिक ट्रांसमिशन (DCT) जइसन तमाम चीजन पs काम करेले।

दिवगी आईपीओ लिस्टिंग

एक्सचेंज के आंकड़न के मोताबिक, 412 करोड़ रुपिया के पेशकश खातिर 38,41,800 शेयरन के मुकाबले आईपीओ में 2,08,87,225 शेयरन के बोली प्राप्त भइल रहे। कंपनी के प्राइज बैंड 560-590 प्रति शेयर रहे। आईपीओ से पहिले दिवगी एंकर निवेशकन से 185 करोड़ रुपिया जुटवले रहे।

(डिस्क्लेमर- ई जानकारी सामान्य सूचनन पs आधारित बा। निवेश करत घरी विशेषज्ञ के सलाह लीं आ अपना जिम्मेदारी से फैसला करीं।

480220cookie-checkपांच फीसद प्रीमियम के संगे लिस्ट भइल एह कंपनी के शेयर, ई बा स्टॉक के भाव

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.