[the_ad_group id="30365"]

सेंसेक्स 800 अंक टूटके 63,200 पs आइल: निफ्टी में 250 अंक के गिरावट, इजराइल-हमास जंग आ महंगा कच्चा तेल एकरा कारण

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शेयर बाजार में आज माने बियफे (26 अक्टूबर) के गिरावट देखे के मिल रहल बा। सेंसेक्स 700 अंक से जादे के गिरावट के संगे 63,200 के स्तर पs कारोबार करत रहे। ओहिजा, निफ्टी में 200 अंक से जादे के गिरावट बा, ई 18,800 के स्तर पs कारोबार कर रहल बा।

सुरुआती कारोबार के दौरान सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 29 में गिरावट आ खाली एगो में तेजी देखे के मिल रहल बा। आज बैंकिंग, IT आ मेटल शेयरन में सबसे जादे गिरावट बा। ई लगातार 5वां कारोबारी दिन हs जब बाजार में गिरावट देखे के मिल रहल बा।

एह 4 कारणन से टूटल बाजार

  • इजराइल-हमास युद्ध के कारण लोग बाजार से पैसा निकाल रहल बा।
  • US डॉलर मजबूत होखला से बाजार पs दबाव बनल बा।
  • महंगाई आ कच्चा तेल के दाम बढ़ला से बाजार गिर रहल बा।
  • विदेशी निवेशक (FII) बाजार से पैसा निकाल रहल बा।

IRM एनर्जी के कमजोर लिस्टिंग

IRM एनर्जी के शेयर बाजार में कमजोर लिस्टिंग भइल बा। आज NSE पs एकर शेयर इश्यू प्राइस से 5.5% डिस्काउंट के संगे 477.25 रुपिया पs लिस्ट भइल बा। ओहिजा BSE पs एकर लिस्टिंग 5.15% डिस्काउंट के संगे 479 रुपिया प्रति शेयर पs भइल बा। IPO के इश्यू प्राइस 505 रुपिया प्रति शेयर रहे।

अमेरिकी बाजार 2% से जादे टूटल

बुध के अमेरिकी बाजारन पs जबरदस्त दबाव रहल। डाओ जोंस 105 अंकन के गिरावट के संगे बंद भइल, बाकिर नैस्डेक में 319 अंकन (-2.43%) के बड़ गिरावट देखे के मिलल। S&P5001.43% टूटके बंद भइल बा। नैस्डेक आ S&P500 दुनुए अब 5 महीना के निचला स्तरन पs पहुंच चुकल बा।

कच्चा तेल आ सोना-चांदी में तेजी

कच्चा तेल के भाव एक बेर फेर तेजी देखे के मिल रहल बा। बेंचमार्क ब्रेंट क्रूड 2% के तेजी के संगे 90 डॉलर प्रति बैरल के ऊपर ट्रेड कs रहल बा। WTI क्रूड 85 डॉलर प्रति बैरल के ऊपर बा। ओहिजा सोना के कीमत 2000 डॉलर के तरे एक बेर फेर बढ़ गइल बा। फिलहाल सोना के दिसंबर वायदा 1995 डॉलर प्रति आउंस पs ट्रेड कs रहल बा। चांदी 23 डॉलर प्रति आउंस के ऊपर बा।

बिहनहू मार्केट में रहल रहे गिरावट

एकरा पहिले बिहान माने बुध के शेयर बाजार में गिरावट देखे के मिलल रहे। सेंसेक्स 522 अंक (0.81%) गिरकर 64,049 के स्तर पs बंद भइल रहे। ओहिजा, निफ्टी में 159 अंक (0.83%) के गिरावट रहल रहे, ई 19,122 के स्तर पs बंद भइल रहे। सेंसेक्स के 30 शेयरन में से 25 में गिरावट आ खाली 5 में तेजी देखे के मिलल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]