Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

शेयर बाजार में बढ़त बरकरार, सेंसेक्स 200 अंक चढ़ल, निफ्टी 18300 के पार

950
हफ्ते के तीसरे कारोबारी दिन बाजार बढ़त के संगे खुलल। फिलहाल सेंसेक्स 193.01 अंक के बढ़त के संगे 61,611.97 अंक पर जबकि निफ्टी 62.55 अंक के बढ़त के संगे 18306.75 अंक पर कारोबार कs रहल बा। ओसे पहिले बाजार में तीन दिन से जारी गिरावट मंगर के थमल अउर सेंसेक्स-निफ्टी हरिहर निशान पर बंद भइल रहे अमेरिकी बाजार भी तेजी के संगे बंद भइल।
डाओ जोन्स में 1.18 फीसदी, S&P 500 में 1.36 फीसदी अउर नैस्डैक में 1.36 फीसदी के मजबूती दिखल। एसजीएक्स निफ्टी 62 अंक चढ़ के 18350 के स्तर पर बंद भइल। भारतीय बाजार के एह चीजन के सहारा मिलल अउर ई बढ़त के संगे खुलल। उहवें, डॉलर इंडेक्स 107 के पार पहुंच गइल बा। ग्लोबल मार्केट में कच्चा तेल के कीमत भी एक फीसदी बढ़ल बा। ई फिलहाल 88.36 डॉलर प्रति बैरल के स्तर पर कारोबार कर रहल बा।
388800cookie-checkशेयर बाजार में बढ़त बरकरार, सेंसेक्स 200 अंक चढ़ल, निफ्टी 18300 के पार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.