[the_ad_group id="30365"]

शेयर बाजार में बढ़त बरकरार, सेंसेक्स 200 अंक चढ़ल, निफ्टी 18300 के पार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ते के तीसरे कारोबारी दिन बाजार बढ़त के संगे खुलल। फिलहाल सेंसेक्स 193.01 अंक के बढ़त के संगे 61,611.97 अंक पर जबकि निफ्टी 62.55 अंक के बढ़त के संगे 18306.75 अंक पर कारोबार कs रहल बा। ओसे पहिले बाजार में तीन दिन से जारी गिरावट मंगर के थमल अउर सेंसेक्स-निफ्टी हरिहर निशान पर बंद भइल रहे अमेरिकी बाजार भी तेजी के संगे बंद भइल।
डाओ जोन्स में 1.18 फीसदी, S&P 500 में 1.36 फीसदी अउर नैस्डैक में 1.36 फीसदी के मजबूती दिखल। एसजीएक्स निफ्टी 62 अंक चढ़ के 18350 के स्तर पर बंद भइल। भारतीय बाजार के एह चीजन के सहारा मिलल अउर ई बढ़त के संगे खुलल। उहवें, डॉलर इंडेक्स 107 के पार पहुंच गइल बा। ग्लोबल मार्केट में कच्चा तेल के कीमत भी एक फीसदी बढ़ल बा। ई फिलहाल 88.36 डॉलर प्रति बैरल के स्तर पर कारोबार कर रहल बा।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]