[the_ad_group id="30365"]

घरेलू शेयर बाजार में गिरावट, सेंसेक्स 300 अंक लुढ़कल, निफ्टी 18250 के नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

हफ्ता के पहिले कारोबारी दिन शेयर बाजार लाल निशान पर खुलल बा। सोमार के सेंसेक्स 207 अंक के गिरावट के साथ 61456 अंक पर जबकि निफ्टी 61 अंक के गिरावट के साथ 18246 अंक पर खुलल बा। सोमार के दिन बैंक निफ्टी में 150 अंक के गिरावट के साथ 42286 अंक के लेवल पर कारोबार शुरू भइल।

ग्लोबल मार्केट में भी दिखल दबाब

शुरुआती कारोबार में बाजार पर दबाव दिख रहल बा। एसजीएक्स निफ्टी में 95 अंक के गिरावट दर्ज कइल गइल बा, ई फिलहाल 18250 अंक पर कारोबार कs रहल बा। डाऊ फ्यूचर्स पर भी दबाव दिख रहल बा। एहमें करीब 100 अंक के गिरावट आइल बा। क्रूड ऑयल के कीमत में भी कमजोरी बनल बा। ग्लोबल मार्केट में एह समय क्रूड ऑयल के भाव 87 डॉलर प्रति बैरल बा। डॉलर के मुकाबले रुपया 0.20 यानी लगभग 0.24 प्रतिशत के गिरावट के साथ 81.84 रुपया के लेवल पs कारोबार कs रहल बा।

टाटा स्टील, एयरटेल अउर अल्ट्राटेक सीमेंट में मजबूती

सोमार के बाजार के शुरुआती कारोबार में टाटा स्टील, भारती एयरटेल, अल्ट्राटेक सीमेंट अउर एक्सिस बैंक के शेयर में मजबूती दिख रहल बा। उहवें, महिंद्रा एंड महिंद्रा, बजाज फाइनेंस, डॉ रेड्डी अउर टेक महिंद्रा के शेयरन में कमजोरी के साथ कारोबार हो रहल बा।

आईटी सेक्टर के शेयर में सबसे ज्यादा गिरावट

सोमार के बाजार के सब इंडेक्स गिरावट के लाल निशान में कारोबार करत दिख रहल बानें। आईटी सेक्टर के शेयर में सबसे ज्यादा 1.03 फीसदी के गिरावट बा, उहवें रियल एस्टेट सेक्टर के 0.98 फीसदी ले टूटल बा। कंज्यूमर ड्यूरेबल्स इंडेक्स में 0.45 फीसदी अउर मेटल सेक्टर के शेयर में 0.73 फीसदी के गिरावट दर्ज कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]