Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बाजार के पसन्द नाइ आइल सुक्क; सेंसेक्स 200 अंक लुढ़कल, निफ्टी 18800 के नीचे

818
घरेलू शेयर बाजार के सुक्क के दिन पसन्द नाइ आइल। हफ्ता भर के आखिरी कारोबारी दिन बाजार के शुरुआत गिरावट के साथ भइल। फिलहाल सेंसेक्स 234.56 अंक के गिरावट के संगे 63,049.63 के स्तर पs कारोबार कर रहल बा। एहमें 0.37% के गिरावट दिख रहल बा। उहवें दूसरे ओर, निफ्टी 0.38% के गिरावट के संगे निफ्टी 70.60 अंक लुढ़क के  18,741.90 अंक पs कारोबार कर रहल बा। एसे पहिले वैश्विक बाजार में गिरावट अउर एसजीएक्स निफ्टी में कमजोरी से बाजार के लाल निशान पर खुलले के संकेत मिलत रहे।
एहसे पहिले अमेरिकी बाजार में मिलल-जुलल ढंग से कारोबार होत दिखल। उतार-चढ़ाव के बीच Dow Jones करीब 195 अंक गिरल त नैस्डैक निचले स्तर से सौ अंक ऊपर पहुंच के सपाट तरीका से बंद भइल। बियफे के FIIs कैश में 1566 करोड़ रुपया के बिकवाली के जबकि DIIs 26650 करोड़ रुपया के खरीदारी कइलस।
398420cookie-checkबाजार के पसन्द नाइ आइल सुक्क; सेंसेक्स 200 अंक लुढ़कल, निफ्टी 18800 के नीचे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.