[the_ad_group id="30365"]

बाजार के पसन्द नाइ आइल सुक्क; सेंसेक्स 200 अंक लुढ़कल, निफ्टी 18800 के नीचे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

घरेलू शेयर बाजार के सुक्क के दिन पसन्द नाइ आइल। हफ्ता भर के आखिरी कारोबारी दिन बाजार के शुरुआत गिरावट के साथ भइल। फिलहाल सेंसेक्स 234.56 अंक के गिरावट के संगे 63,049.63 के स्तर पs कारोबार कर रहल बा। एहमें 0.37% के गिरावट दिख रहल बा। उहवें दूसरे ओर, निफ्टी 0.38% के गिरावट के संगे निफ्टी 70.60 अंक लुढ़क के  18,741.90 अंक पs कारोबार कर रहल बा। एसे पहिले वैश्विक बाजार में गिरावट अउर एसजीएक्स निफ्टी में कमजोरी से बाजार के लाल निशान पर खुलले के संकेत मिलत रहे।
एहसे पहिले अमेरिकी बाजार में मिलल-जुलल ढंग से कारोबार होत दिखल। उतार-चढ़ाव के बीच Dow Jones करीब 195 अंक गिरल त नैस्डैक निचले स्तर से सौ अंक ऊपर पहुंच के सपाट तरीका से बंद भइल। बियफे के FIIs कैश में 1566 करोड़ रुपया के बिकवाली के जबकि DIIs 26650 करोड़ रुपया के खरीदारी कइलस।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]