Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एसटीएफ कइलस 25 हजार रुपया के इनामी अपराधी के गिरफ्तार

439
गौ तस्कर गिरोह के एगो सक्रिय सदस्य के एसटीएफ पडरौना कोतवाली क्षेत्र से गिरफ्तार कइले बा। ओपर 25 हजार रुपया के इनाम रहल। ओकरे खिलाफ जनपद के तरयासुजान, कसया अउर तुर्कपट्टी थाना में मुकदमा दर्ज रहल। एकरे अलावा गोरखपुर जनपद के भी विभिन्न थाना में में ओ पर मुकदमा भी पंजीकृत बा।
बिहार के गोपालगंज जिला के गोपालपुर थाना क्षेत्र के दुबौली नरहवा शुक्ल गांव के निवासी मिंटू अली उर्फ मिंटू शाह पs अंतरराज्यीय गौ तस्करी करे वाले गिरोह के सक्रिय सदस्य होखले के चलते जनपद के तरयासुजान, कसया अउरी तुर्कपट्टी थाने में मुकदमा दर्ज त बटले बा, गोरखपुर के शाहपुर, बेलीपार, चौरीचौरा, गुलरहिया अउरी कैंट थाना में भी मुकदमा पंजीकृत रहल। एसटीएफ के ओकर सरगर्मी से तलाश रहल। बियफ़े के रात पुलिस के सूचना मिलल कि उ पडरौना कोतवाली क्षेत्र में बा देर रात एसटीएफ फील्ड इकाई गोरखपुर के निर्देश पर इंस्पेक्टर सत्य प्रकाश सिंह के नेतृत्व में हेड कांस्टेबल अखिलेश कुमार श्रीवास्तव, अशोक कुमार सिंह, अभिलाष तिवारी, चंद्रभूषण सिंह, कांस्टेबल रणधीर सिंह अउर पडरौना के कोतवाल आरपी सिंह अउरी स्वॉट टीम प्रभारी अमित शर्मा घेराबंदी कs के पडरौना कोतवाली क्षेत्र के रामकोला रोड स्थित छपरा बड़की नहर पुल से देर रात गिरफ्तार कs लिहलें।
ऊ काफी दिन से गौ तस्करी में संलिप्त बा। ऊ 15 जून 2022 के हेड कांस्टेबल धर्मवीर यादव के पिकअप से रौंद के हत्या कइले के भी आरोपी रहल। तरयासुजान थाना में दर्ज गोवध निवारण अधिनियम अउरी पशु क्रूरता अधिनियम के मामला में ओहपर 25 हजार रुपया के इनाम घोषित रहल। एकर कार्रवाई पुष्टि कोतवाल आरपी सिंह कइले।
340240cookie-checkएसटीएफ कइलस 25 हजार रुपया के इनामी अपराधी के गिरफ्तार

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.