बिहार: तीन गो दारोगा लोगन के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी, पुलिस पs हमला ममिला में अभी तक ना दिहल लो गवाही

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 23, 2022

शेखपुरा: शेखपुरा में तीन गो दारोगा लोगन के मुश्किलें अब बढ़े वाला बा। ममिला पुलिस पs हमले से जुड़ल बा, जेमे सूचक दारोगा महानंद झा, अनुसंधान दारोगा शिव मुनि सिंह आ पुलिस जमादार नवीन कुमार

Share

शेखपुरा: शेखपुरा में तीन गो दारोगा लोगन के मुश्किलें अब बढ़े वाला बा। ममिला पुलिस पs हमले से जुड़ल बा, जेमे सूचक दारोगा महानंद झा, अनुसंधान दारोगा शिव मुनि सिंह आ पुलिस जमादार नवीन कुमार के खिलाफ गवाही ना देला पs गिरफ्तारी वारंट जारी कइल गइल बा। दरअसल, बदमाश पुलिस दल पs जानलेवा हमला कइले रहे।

दरअसल, पुलिस टीम पs हमला के ममिला में अब तक जवाब नइखे देले लो। एकरा के लेके काल्ह बियफे के सिविल कोर्ट के जिला जज राजकुमार एह  पs एक्शन लेले बा। ममिला 2005 के हs, जेमे बरबीघा प्रखंड अंतर्गत केवटी पुलिस ओ पी के तीन पुलिस पदाधिकारियन के खिलाफ गिरफ्तारी वारंट जारी कइल गइल बा।
एह ममिला के लेके जिला लोक अभियोजक उदय नारायण सिन्हा बतवले कि न्यायालय एसपी कार्तिकेय शर्मा के सब गवाहन के दशहरा के छुट्टी के बाद 18 अक्टूबर के कवनो सूरत में न्यायालय के सोझा पेश करे के कहले बा। रउआ के बता दीं, पुलिस पs हमला ममिला में पुलिसे के लापरवाही सामने आइल रहे। कोर्ट पुलिस पदाधिकारियन के कोर्ट में गवाही देला खातिर कइयन बेर नोटिसो भेजल गइल, बाकिर ओने से कवनो जवाब ना आइल। अबकी बेर तीनो के खिलाफ गिरफ्तारी के वारंट जारी कs दिहल गइल बा।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.