Amit Shah: ‘राम मंदिर निर्माण के बाद खाली एगो काम बाकी’, सीतामढ़ी में अमित शाह के बड़ एलान

By Anurag Ranjan

Published on: May 16, 2024

Bihar Politics केंद्रीय गृहमंत्री कहले कि बिहार भारत, सीमांचल, मिथिलांचले ना पूरा दुनिया खातिर आकर्षण के केंद्र बनाइब हम सीतामढ़ी के। उऽ इहो कहले कि अबके जननायक कर्पूरी ठाकुर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत रत्न

Share

Bihar Politics केंद्रीय गृहमंत्री कहले कि बिहार भारत, सीमांचल, मिथिलांचले ना पूरा दुनिया खातिर आकर्षण के केंद्र बनाइब हम सीतामढ़ी के। उऽ इहो कहले कि अबके जननायक कर्पूरी ठाकुर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत रत्न से नवजले। हम पूछल चाहब लालू प्रसाद से कि अतना सालन ले शासन में रह के का कर्पूरी ठाकुर जी के सुधो ना लेले कबो?

Amit Shah Sitamarhi Visit केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह इहो कहले कि अयोध्या में राम मंदिर निर्माण के बाद अब सीतामढ़ी के बारी बा। उऽ जनसमूह से पूछले कि सीतामढ़ी में मां सीता के भव्य मंदिर बने के चाहीं कि ना बने के चाही ?

शाह आगे कहले कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी जय सिया राम के नारा देले बाड़े । उऽ जय सिया राम के नारा देके भक्ति आ समर्पण का बोध करवले। हम कहल चाहब अयोध्या में राम मंदिर निर्माण से एगो काम पूरा भइल। अब एगो काम बाकी बा सीतामढ़ी में मां सीता के धरती पs भव्य मंदिर बनावे के।

‘सीतामढ़ी के पूरा दुनिया खातिर आकर्षण के केंद्र बनाइब’

केंद्रीय गृहमंत्री ने कहले कि बिहार, भारत, सीमांचल, मिथिलांचले ना  पूरा दुनिया खातिर आकर्षण के केंद्र बनाइब हम सीतामढ़ी के।

उऽ इहो कहलें कि हाले में जननायक कर्पूरी ठाकुर के प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी भारत रत्न से नवाजले। हम पूछल चाहब लालू प्रसाद से कि अतना साल ले शासन में रहले का कर्पूरी ठाकुर जी के सुधियो लेले कबो ? लालू प्रसाद के शासन के साथे कांग्रेसो पs खूब बरसले। उऽ अपना सरकार के उपलब्धियां गिनवले आ विपक्ष के आईना देखवले।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.