[the_ad_group id="30365"]

Gorakhpur News : गोरखपुर, देवरिया आ कुशीनगर में मतदाता लोगन के जागरूक करी डीडीयू ; कुलपति कइली ई अपील

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर, देवरिया आ कुशीनगर के कुल पांच लोकसभा क्षेत्रन में मतदान प्रतिशत बढ़ावे खातिर दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय, अपना कैंपस आ कॉलेजन में अभियान चलाई। ई अभियान शहर से लेके गांवन तक चलावल जाई। कुलपति प्रो. पूनम टंडन खुद एह अभियान के हिस्सा बनिहें।

एक जून के मतदान के मद्देनजर विश्वविद्यालय एगो पोर्टलो लॉन्च करे जा रहल बा। यह पs विद्यार्थी, शिक्षक आ कर्मचारी आपन आउर संस्थान के नाम भरके मतदान के बाद अपनी सेल्फी अपलोड करी लो। अभियान के दौरान कैंपस आ कॉलेजन के छात्र-शिक्षक आउर कर्मचारी अपना-अपना कैंपस में मतदान खातिर प्रेरित करी लो।

कॉलेजन के आस-पास के गांव, मोहल्लन आ चौराहन पs जाके मतदान खातिर जागरूक कइल जाई। विश्वविद्यालय से तीन लाख से जादे छात्र-छात्रा जुड़ल बा लो। हजारन के संख्या में शिक्षक आ कर्मचारी बा लो। कुलपति खुद गोरखपुर, देवरिया आ कुशीनगर के कॉलेजन में जाके उहां के छात्रन संग जागरूकता अभियान में हिस्सा लिहें।

विश्वविद्यालय प्रशासन के माने के बा कि जब सब विश्वविद्यालय आ कॉलेज मिलके लगातार अभियान चलाई तs एकर असर मतदान प्रतिशत में लउकी। चुनाव लोकतंत्र के सबसे बड़ परब हs। एमे सब केहू के मतदान करे के चाहीं।

विश्वविद्यालय अपना सामाजिक दायित्व के निर्वहन करत सब कॉलेजन के संगे मिलके अभियान चलाई ताकि मतदान प्रतिशत के बढ़ावल जा सकी। एह अभियान में हम खुद जाके मतदान खातिर करेम।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]