CBSE 12वीं में 87.98% स्‍टूडेंट्स पास भइल लो: 10वीं के रिजल्‍ट जारी भइल, UMANG ऐप आ डिजिलॉकर पर मार्कशीट देखीं

By Anurag Ranjan

Published on: May 13, 2024

सेंट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंडरी एजुकेशन (CBSE) 12वीं के रिजल्‍ट जारी कइला के एक घंटा बाद अब 10वीं के रिजल्टो जारी कs देले बा। स्टूडेंट्स ऑफिशियल वेबसाइट results.cbse.nicin भा cbseresults.nic.in पs जाके रिजल्ट चेक कs सकत

Share

सेंट्रल बोर्ड ऑफ सेकेंडरी एजुकेशन (CBSE) 12वीं के रिजल्‍ट जारी कइला के एक घंटा बाद अब 10वीं के रिजल्टो जारी कs देले बा। स्टूडेंट्स ऑफिशियल वेबसाइट results.cbse.nicin भा cbseresults.nic.in पs जाके रिजल्ट चेक कs सकत बा लो।

12वीं में लईकियन के रिजल्‍ट लईकन से बेहतर

अबकी बेर 12वीं में 87.98% स्टूडेंट पास भइल बा लो। पिछला साल के तुलना में पासिंग पर्सेंटेज 0.65% बढ़ल बा। लईकन के तुलना में लईकियन के पासिंग पर्सेंटेज 6.40% जादे बा। अबकी बेर 91% से जादे लईकी पास भइल बा लो।

त्रिवेंद्रम रीजन के रिजल्‍ट बेस्‍ट

CBSE क्लास 12 के रिजल्ट में 99.91% के संगे त्रिवेन्द्रम एक बेर सबसे अच्छा प्रदर्शन करे वाला रीजन बनल बा। ओहिजा, प्रयागराज के रिजल्ट 78.25 के संगे सबसे निचला पायदान पs रहल बा।

दिल्ली में 94.97% स्टूडेंट्स पास भइल 

दिल्ली रीजन में 2,95,792 छात्र CBSE क्लास 12वीं बोर्ड के एग्जाम देले रहे आ 2,80,925 स्टूडेंट्स पास भइल बा लो। दिल्ली में 94.97 फीसदी स्टूडेंट्स पास भइल बा। पूर्वी दिल्ली में स्टूडेंट्स के रिजल्ट प्रतिशत 94.51% रहल आ पश्चिमी दिल्ली में 95.64% स्टूडेंट्स पास भइल बा।

एह साल कुल 16,33,730 स्टूडेंट्स 12वीं के बोर्ड एग्जाम खातिर रजिस्ट्रेशन कइले बा आ कुल 16,21,224 स्टूडेंट्स एग्जाम में सामिल भइल रहे। एग्जाम में 14,26,420 स्टूडेंट्स पास भइल बा लो।

1,16,145 स्टूडेंट्स के मिलल 90% से जादे मार्क्स

CBSE क्लास 12वीं के फाइनल एग्जाम में 24,068 स्टूडेंट्स के 95% भा ओकरा से जादे मार्क्स मिलल, जवन पास भइल कुल स्टूडेंट्स के 1.48% बा। ओहिजा, 1,16,145 स्टूडेंट्स 90% भा ओकरा से जादे मार्क्स हासिल कइल लो। ई पास भइल कुल स्टूडेंट्स के 7.16% बा।

CTSA के रिजल्ट 99.23%

एह साल CBSE 12वीं बोर्ड रिजल्ट सेंट्रल तिब्बतन स्कूल एडमिनिस्ट्रेशन (CTSA) के 99.23%, जवाहर नवोदय विद्यालय के 98.81%, गवर्नमेंट एडेड के 91.42%, गवर्नमेंट के 88.23% आ इंडिपेंडेट स्कूल्स के 87.70% रहल।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.