[the_ad_group id="30365"]

सरकारी नौकरी : SGPGI लखनऊ में 1683 पदन पs भर्ती के नोटिफिकेशन जारी, एज लिमिट 40 बरिस, एससी, एसटी को फीस में छूट

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

संजय गांधी पोस्ट ग्रेजुएट इंस्टीट्यूट ऑफ मेडिकल साइंसेज (SGPGI) लखनऊ मेडिकल कॉलेज में नर्सिंग ऑफिसर, स्टेनोग्राफर, जूनियर इंजीनियर सहित आउर पदन पs भर्ती के नोटिफिकेशन जारी भइल बा। एह पदन पs भर्ती खातिर आवेदन प्रक्रिया जल्दिये सुरू होई। उम्मीदवारन के आवेदन SGPGI के वेबसाइट पs जाके करे के होई।

वैकेंसी डिटेल्स :

  • जूनियर इंजीनियर (टेलिकॉम) : 1 पद
  • सीनियर एडमिनिस्ट्रेटिव असिस्टेंट : 40 पद
  • स्टोर कीपर : 22 पद
  • स्टेनोग्राफर : 84 पद
  • रिसेप्शनिस्ट : 19 पद
  • नर्सिंग ऑफिसर : 1426 पद
  • परफ्यूजनिस्ट : 5 पद
  • टेक्नीशियन (रेडियोलॉजी) : 15 पद
  • मेडिकल लैब टेक्नोलॉजिस्ट-21 पद
  • टेक्नीशियन (रेडियोथेरेपी) : 8 पद
  • टेक्निकल असिस्टेंट (न्यूरो-ओटोलॉजी) : 03 पद
  • जूनियर फिजियोथेपिस्ट : 3 पद
  • जूनियर ऑक्यूपेशनल थेरेपिस्ट : 3 पद
  • न्यूक्लियर मेडिसिन टेक्नोलॉजिस्ट : 7 पद
  • टेक्नीशियन (डायलिसिस) : 37 पद
  • सैनिटरी इंस्पेक्टर : 8 पद

एजुकेशनल क्वालिफिकेशन :

  • बीएससी (ऑनर्स) भारतीय नर्सिंग काउंसिल से मान्यता प्राप्त संस्थान भा विश्वविद्यालय से नर्सिंग/बी.एससी नर्सिंग भा बीएससी (पोस्ट सर्टिफिकेट) / भारतीय नर्सिंग काउंसिल से मान्यता प्राप्त संस्थान/बोर्ड भा विश्वविद्यालय से पोस्ट बेसिक बी.एससी नर्सिंग।
  • राज्य/भारतीय नर्सिंग काउंसिल में नर्स आ मिडवाइफ के रूप में रजिस्टर्ड भा भारतीय नर्सिंग काउंसिल से जनरल नर्सिंग मिडवाइफरी में डिप्लोमा।
  • राज्य/भारतीय नर्सिंग परिषद में नर्स आ मिडवाइफ के रूप में रजिस्टर्ड।
  • उपरोक्त क्वालिफिकेशन के बाद न्यूनतम 50 बेड वाला अस्पताल में दु बरिस के अनुभव।

फीस :

  • सामान्य वर्ग : 1000 रुपए
  • अन्य पिछड़ा, ईडब्ल्यूएस : 1000 रुपए
  • अनुसूचित जाति, अनुसूचित जनजाति : 600 रुपए
  • आवेदन शुल्क में 18% जीएसटी सामिल कइल गइल बा।

आयु सीमा :

  • न्यूनतम आयु सीमा 18 बरिस आ अधिकतम आयु सीमा 40 बरिस रखल गइल बा।
  • आरक्षित श्रेणी के उम्मीदवारन के सरकारी नियम के अनुसार आयु सीमा में छूट दिहल जाई।

सिलेक्शन प्रोसेस :

  • सीआरटी में मिलल अंकन के आधार पs सिलेक्शन कइल जाई।

अइसे करीं आवेदन :

  • ऑफिशियल वेबसाइट www.sgpgims.org.in पs जाईं।
  • होमपेज पs एसजीपीजीआई ऑफिसर भर्ती 2024 लिंक पs क्लिक करीं।
  • जरूरी डिटेल्स दर्ज कs के फॉर्म भरीं।
  • जरूरी डॉक्यूमेंट्स जमा करीं।
  • आगे के जरूरत खातिर प्रिंटआउट लेके रखीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]