[the_ad_group id="30365"]

SSC CHSL 2024 Tier 1 Result: एसएससी सीएचएसएल टियर-1 परीक्षा के परिणाम जारी, तुरंत इहां से करीं चेक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

SSC CHSL 2024 Tier 1 Result: कर्मचारी चयन आयोग कर्मचारी चयन आयोग संयुक्त उच्चतर माध्यमिक स्तर (SSC CHSL) 2024 टियर-1 के परिणाम घोषित कs दिहल गइल बा। जवन उम्मीदवार प्रतियोगी परीक्षा खातिर उपस्थित भइल रहे लो, ऊ आधिकारिक वेबसाइट (ssc.gov.in) पs जाके एसएससी सीएचएसएल 2024 के परिणाम डाउनलोड कs सकत बानी सs।

एसएससी सीएचएसएल 2024 टियर-1 परीक्षा आयोग के ओर से 1, 2, 3, 4, 5, 8, 9, 10 आ 11 जुलाई के आयोजित कइल गइल रहे। एसएससी सीएचएसएल टियर-1 उत्तर कुंजी 18 जुलाई के जारी कइल गइल रहे, जवना उम्मीदवारन के लॉगिन के माध्यम से देखल जा सकत बा। आधिकारिक उत्तर कुंजी में कवनो गलत प्रश्न भा उत्तर के खिलाफ आपत्ति दर्ज करे के अंतिम तिथि 24 जुलाई रहे।

एसएससी सीएचएसएल परीक्षा लोअर डिवीजन क्लर्क (LDC), जूनियर सेक्रेटेरियल असिस्टेंट (JSA), पोस्टल असिस्टेंट (PA), सॉर्टिंग असिस्टेंट (SA), डाटा एंट्री ऑपरेटर (DEO) और डीईओ (ग्रेड ए) सहित अलग-अलग पदन के भरती खातिर आयोजित कइल जात बा।

स्कोरकार्ड पs उल्लिखित विवरण

एसएससी सीएचएसएल टियर-1 परिणाम 2024 में निम्नलिखित विवरण के उल्लेख होई:

  • अभ्यर्थी के पंजीकृत पूरा नाम।
  • अभ्यर्थी के दिहल गइल विशिष्ट पहचान संख्या।
  • अभ्यर्थी के श्रेणी (सामान्य, ओबीसी, एससी, एसटी) के दर्शावेला।
  • परीक्षा में उम्मीदवार के ओर से प्राप्त कुल अंक।
  • का अभ्यर्थी परीक्षा के अगिला चरण खातिर अर्हता प्राप्त कs लेले बा। योग्यता के इस्थिति जांचल जाई।
  • अलग-अलग श्रेणियन खातिर अनुभागीय आ समग्र कट-ऑफ अंक।
  • अलग-अलग टियर में प्राप्त अंक, (जदि लागू होखे) जइसन से टियर I, टियर II आदि।
  • अभ्यर्थी के अखिल भारतीय रैंक, जदि लागू होखे।

रिजल्ट अइसे करीं चेक

  • सबसे पहिले के उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट ssc.gov.in पs जाये के होई।
  • होम पेज पs उपलब्ध रिजल्ट लिंक पs क्लिक करीं।
    एगो नया पेज खुली आ उम्मीदवारन के एसएससी सीएचएसएल टियर-I परिणाम 2024 सूची 1 आ सूची 2 पs क्लिक करे के होई।
  • एगो नया पीडीएफ फाइल खुली, जहां उम्मीदवार अपना रोल नंबर आ आउर विवरण देख सकत बानी।
  • रिजल्ट डाउनलोड कs लीं आ आगे खातिर ओकर एगो हार्ड कॉपी अपना लगे रखीं।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]