[the_ad_group id="30365"]

छह लेन सड़क से जुड़ी श्रीरामजन्मभूमि : लखनऊ-गोरखपुर हाईवे के बढ़ावल जाई चौड़ाई, तैयार हो रहल बा डीपीआर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामलला के जन्मभूमि छह लेन सड़क से जोड़ल जाई। एकरे खातिर वाया अयोध्या, लखनऊ से गोरखपुर ले हाईवे के चौड़ा करे के फैसिला कइल गइल बा। अभिन ई रोड फोरलेन बा। एह सड़क के चौड़ा कइले खातिर जल्दिए भारतीय राष्ट्रीय राजमार्ग प्राधिकरण (एनएचएआई) टेंडर देईं।

अयोध्या में रामलला के मंदिर के निर्माण पूरा होखला पर इहां पूरा संसार से आवे वाले श्रद्धालुअन के संख्या बढ़ल तय बा। एके ध्यान में रखत ढांचागत सुविधा विकसित कइल जा रहल बा। एही के तहत लखनऊ-अयोध्या-गोरखपुर हाईवे के छह लेन ले चौड़ा कइले के योजना बना लीहल गइल बा।

लखनऊ से अयोध्या के बीच हाईवे से सटल गांव अउरी कस्बा बा। एहलिए जहवाँ सड़क के चौड़ा करे खातिर जमीन नाइ रही, उहां फ्लाईओवर बनावल जाई। लखनऊ से गोरखपुर ले हाईवे के लंबाई 269 किलोमीटर बा । पूरा हाईवे पs 40 अइसन जगह चिह्नित कइल गइल बा, जहां फ्लाईओवर बनावल जाई।

एनएचएआई सूत्रन के मुताबिक, केंद्रीय सड़क परिवहन एवं राजमार्ग मंत्रालय एह परियोजना के मंजूरी दे देहले बा। जल्दिए डीपीआर (विस्तृत प्रोजेक्ट रिपोर्ट) तैयार हो जाई आ टेंडर निकालल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]