[the_ad_group id="30365"]

सीएम योगी आजु करिहें पहिला हेल्थ एटीएम के शुभारंभ, शुरुआती चरण में लागी पांच ठो मशीन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बुध के साँझ चार बजे गोरखपुर के पहिला हेल्थ एटीएम के शुभारंभ करिहें। ई हेल्थ एटीएम चरगांवा सामुदायिक स्वास्थ्य केंद्र (सीएचसी) में लगावल जा रहल बा। एह मौके पर जनसभा के भी संबोधित करिहें।
प्रदेश सरकार बेहतरीन चिकित्सा अउरी एसे संबंधित जांच के सुविधा देवे खातिर सरकारी अस्पताल के हाईटेक बना रहल बा। एही क्रम में गोरखपुर के 23 सरकारी अस्पताल में हेल्थ एटीएम स्थापित कइले के कार्ययोजना तैयार कइल गइल। हेल्थ एटीएम के माध्यम से एक नमूना से मरीज के 59 जांच हो सकी। शुरुआती चरण में जिला के 10 मशीन आवंटित भइल बा, जौने में से पांच मिल गइल बा।

 

हेल्थ एटीएम के जरिये होगी शरीर की स्क्रीनिंग

हेल्थ एटीएम के जरिये शरीर के स्क्रीनिंग होई। एहमें ब्लड प्रेशर, शुगर, वजन, लंबाई, शरीर का तापमान, शरीर में ऑक्सीजन के मात्रा, बॉडी मास इंडेक्स, मेटाबॉलिक एज, बॉडीफैट, डिहाइड्रेशन, पल्स रेट, मसल मास आदि के जांच करा सकेने। एहमें पैथोलॉजी टेस्ट भी हो सकी, जेहमें ग्लूकोज, हीमोग्लोबिन, लिपिड प्रोफाइल के जांच भी हो सकी।
भविष्य में एकरे जरिये डेंगू, मलेरिया, चिकनगुनिया, यूरिन टेस्ट, गर्भावस्था जांच, टाइफाइड, एचआईवी ईसीजी, टीएलसी, डीएलसी जैसे जांचें हो सकी। सीएचसी चरगांवा के बाद सरदारनगर, जंगल कौड़िया, उरुवा अउरी कौड़ीराम के स्वास्थ्य केंद्र पर हेल्थ एटीएम लगावल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]