[the_ad_group id="30365"]

Budgam Encounter: बडगाम में सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़, दु गो दहशतगर्द ढेर, हथियारो बरामद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य कश्मीर के बडगाम जिला में जिला अदालत परिसर के लगे सुरक्षाबलन आ आतंकियन के बीच मुठभेड़ हो गइल। एह मुठभेड़ में दु गो आतंकी मारल गइले। सुरक्षाबलन के ओकनी के लगे से हथियार आ गोला बारूद बरामद भइल बा। फिलहाल सर्च ऑपरेशन जारी बा।

पुलिस अधिकारी बतवले कि बडगाम जिला अदालत परिसर के लगे एगो विशेष इनपुट पs सेना आ पुलिस के संयुक्त टीम के तरफ से नाका लगावल गइल रहे। एह दौरान एगो संदिग्ध वाहन के रोके के कोसिस कइल गइल। आतंकवादी एकर भनक लगतही गोलीबारी सुरू कs देले सs। सुरक्षाबलन के जवाबी कार्रवाई में दु गो आतंकवादी ढेर हो गइले। आतंकियन के लगे से हथियार आ गोला बारूद बरामद कइल गइल बा। इलाका में तलाशी अभियान चलावल जा रहल बा।

एडीजीपी कश्मीर विजय कुमार बतवले कि दुनो आतंकियन के पहचान कs लिहल गइल बा। एमे अरबाज मीर आ शाहिद शेख सामिल रहे। दुनो पुलवामा के रहे वाला रहे लो आ प्रतिबंधित आतंकी संगठन लश्कर ए तैयबा से जुड़ल रहे लोग। हाल के मुठभेड़ में दुनों आतंकी फरार हो गइल रहे लो।

अतवार के बच के भाग निकलल रहले सs आतंकी

एकरा पहिले अतवार के बडगाम जिला के रेडबुग मागाम इलाका में एह बरिस के पहिला मुठभेड़ भइल रहे। एह मुठभेड़ में आतंकी चकमा देके भाग निकले में सफल हो गइल रहले सs। सुरुआत में दुनो ओर से फायरिंग होत रहे, बाकिर कुछ देर बाद दूसरका ओर से फायरिंग बंद हो गइल। हालांकि सुरक्षा बल मोर्चा संभारे रखल लोग ताकि आतंकियन के भागे के मवका ना मिल सके। बहुत देर बाद दूसरा तरफ से फायरिंग ना भइल तs सुरक्षा बल तलाशी अभियान सुरू कइल। एह दौरान पता चला कि घिरल आतंकी भाग निकलल बाड़े सs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]