Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Union cabinet : बजट सत्र से पहिले केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार संभव, पीएम मोदी के अगुआई में घंटन चलल बैठक

सूत्रन के कहनाम बा कि आगामी लोकसभा चुनाव के मजबूत तइयारी खातिर केंद्रीय मंत्रिमंडले ना राज्य आ केंद्रीय संगठनन में अहम बदलाव होई। बदलाव के ई प्रक्रिया केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार से सुरू होई। 

351

एह महीना के अंतिम हफ्ता में सुरू हो रहल संसद के बजट सत्र से पहिले केंद्रीय मंत्रिमंडल के विस्तार हो सकत बा। विस्तार के अंजाम देवे खातिर विमर्श के प्रक्रिया सुरू हो चुकल बा। गृह मंत्री अमित शाह के कुछ सहयोगी दलन के नेता लोगन से मुलाकात के बाद 8 जनवरी के रात प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के अगुवाई में मैराथन बैठक भइल।

कइयन घंटन चलल एह बैठक में भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा, शाह, रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह आ संगठन महासचिव बीएल संतोष हिस्सा लिहल लोग। सूत्रन के कहनाम बा कि आवे वाला लोकसभा चुनाव के मजबूत तइयारी खातिर केंद्रीय मंत्रिमंडले ना राज्यन आ केंद्रीय संगठनन में अहम बदलाव होई। बदलाव के ई प्रक्रिया केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार से सुरू होई।

एकरा पहिले नड्डा के कार्यकाल के एक साल के विस्तार दिहल जाई। केंद्रीय मंत्रिमंडल में विस्तार के बाद राज्यन के संगठन में बदलाव, जरूरी नेतृत्व परिवर्तन आ केंद्रीय संगठन में अहम बदलावन पs मुहर लागी। योजना 15 फरवरी तक हर तरह के बदलावन के अमलीजामा पहनावे के बा।

अंतिम विस्तार एहिसे बड़हन मंथन

लोकसभा चुनाव से पहिले मोदी मंत्रिमंडल के ई अंतिम विस्तार होई। इहे कारण बा कि एकरा खातिर व्यापक स्तर पs मंथन कइल जा रहल बा। सूत्रन के कहनाम बा कि विस्तार के माध्यम से राज्यन के समीकरण साधे खातिर बड़ बदलाव कइल जाई। एकरा माध्यम से राज्यन के सियासी, सामाजिक समीकरण साधल जाई। संभवत: भाजपा के राष्ट्रीय कार्यकारिणी के बैठक के बाद एक बेर फेर से शीर्ष स्तर पs विमर्श के प्रक्रिया अपनावल जाई।

सहयोगियन के रखल जाई धेयान

मंत्रिमंडल विस्तार में अबकी बेर सहयोगियन के खास खेयाल रखल जाई स्त्री। दरअसल मोदी सरकार आ भाजपा एह धारणा के खतम कइल चाहत बिया कि ओकर रुख सहजोगी दल विरोधी बा। जदयू, अकाली दल के राजग छोडला, शिवसेना में बिखराव के कारण भाजपा पs अइसन आरोप लागत रहल बा। अइसन में विस्तार में सहयोगियन खातिर बेहतर संभावना उपलब्ध करावल जाये के आसार बा।

चिराग, आरसीपी के मंत्री बनल तय

सूत्रन के कहनाम बा कि बिहार में सियासी समीकरण साधे खातिर चिराग पासवान के मंत्रीमंडल में जगह दिहल जाई। नीतीश के करीबियन में सुमार रहल आरसीपी सिंह के मंत्री बनावल जाये के चरचा बा। एकरा अलावे शिवसेना के संगे आइल धड़ा से एगो कैबिनेट आ एगो राज्य मंत्री बनावल जाये आ पहिले से मंत्रिमंडल में सामिल कुछ सहजोगियन के पदोन्नति के आसार बा।

31 से 6 अप्रिल तक बजट सत्र, होई 27 बैठक

संसदीय कार्य मंत्री प्रह्लाद जोशी बतवलें कि संसद सत्र के पहिला हिस्सा 31 जनवरी से 13 फरवरी आ दूसरा हिस्सा 13 मार्च से 6 अप्रिल तक चली। पहिला हिस्सा में एक फरवरी के वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण बजट पेश करिहें। ओकरा बाद राष्ट्रपति के धन्यवाद प्रस्ताव पs चरचा होई। जबकि दूसरका हिस्सा में आम बजट पs चरचा के वित्तमंत्री जवाब दिहें आ धन्यवाद प्रस्ताव पs चरचा के जवाब प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दिहेें। समूचा सत्र में 27 बैठक होई।

पुरनके संसद भवन में होई सत्र 

नया संसद भवन के काम लगभग पूरा हो गइल बा, बाकिर बजट सत्र पुरनके भवन में होखे के आसार बा। बीतल शीतकालीन सत्र से नया संसद भवन में सत्र आयोजित करे के तइयारी रहे। हालांकि नया संसद भवन के काम पूरा ना होखला के कारण एकरा के टाल दिहल गइल रहे।

बजट पs मंथन के सिलसिला जारी 

आम बजट पs वित्त मंत्री के ओर से मंथन के सिलसिला जारी बा। हर बार के तरह एह आम बजट में उनकर जोर राजकोषीय घाटा से निपटला के साथे विकास के गति बनावल रखे पs होई। मध्य वर्ग अबकियो बेर आयकर छूट सीमा बढ़ावल जाये के उम्मीद करी।

साभार: अमर उजाला

437890cookie-checkUnion cabinet : बजट सत्र से पहिले केंद्रीय मंत्रिमंडल विस्तार संभव, पीएम मोदी के अगुआई में घंटन चलल बैठक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.