[the_ad_group id="30365"]

श्रीलंका में प्रदर्शनकारी घेरने राष्ट्रपति के घर, आवास छोड़ के भगले गोतबाया राजपक्षे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

श्रीलंका में चलत आर्थिक संकट का बीच जनता के आक्रोश अबहीं ले कम नइखे भइल. देश भर में तेल आ अउरी जरूरी सामानन के कमी का बीच एक बेर फेरू लोग सड़क पर निकल गइल बा. शनिचर का दिने आन्दोलनियन के भीड़ राष्ट्रपति गोटाबाया राजापक्ष के इस्तीफा देबे के माँग करत घर के घेर लिहलसि. समाचार एजेंसी एएफपी के मुताबिक, इ प्रदर्शनकारी राष्ट्रपति के घर में ढूके के कोशिश कईले, जवना के बाद राजापक्ष अपना आवास से भाग गईले।

बतावल जाता कि राष्ट्रपति आवास के परिसर में कुछ प्रदर्शनकारी ढुक गईल रहले। एकरा बाद सुरक्षा बल राष्ट्रपति के घर से बाहर निकाल के सुरक्षित जगह ले गईल। श्रीलंका के एगो टीवी चैनल सिरासा टीवी के ओर से जारी ए फुटेज में भीड़ के राष्ट्रपति आवास में घुसत देखल जा सकता। हालांकि सुरक्षा बल पानी के तोप अवुरी आंसू गैस के गोला के इस्तेमाल क के भीड़ के तितर-बितर करे के कोशिश कईलस। प्रदर्शन के दौरान 30 से जादा लोग घाही हो गईले। पुलिस वाला से लेके…

खास बात ई बा कि श्रीलंका पिछला कई महीना से आर्थिक संकट से जूझत बा. खाना से लेके ईंधन तक पूरा देश में कमी रहल बा। इहाँ तक कि घर-घर में बिजली भी मात्र कुछ घंटा खाती आवता। श्रीलंका के लगातार विदेशी मुद्रा भंडार के कमी के चलते उ मेडिकल से जुड़ल जरूरी सामान तक के आयात नईखे क पावत।

पीएम आपात बइठक बोलवले बाड़न

ओने, प्रधानमंत्री रणिल विक्रेमसिंह पार्टी के नेता लोग के सहभागिता के संगे आपात बैठक बोलवले बाड़े, जवना में वर्तमान स्थिति प चर्चा अवुरी तत्काल समाधान निकालल जा सकता। श्रीलंका के डेली मिरर में प्रधानमंत्री के मीडिया डिवीजन के हवाला देत खबर आइल बा.

पूर्व क्रिकेटर सनथ जयसूरिया भी उतरले

एकरा संगे-संगे श्रीलंका के पूर्व क्रिकेटर सनाथ जयसूरिया न्यूज एजेंसी एएनआई से हाल में कोलंबो में भईल विरोध प्रदर्शन प कहले कि हम ए विरोध के हिस्सा बानी अवुरी जनता के मांग प खड़ा बानी। ई विरोध प्रदर्शन तीन महीना से अधिका हो गइल बा.

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]