[the_ad_group id="30365"]

SRH vs GT: गुजरात के खिलाफ उलटफेर के इरादा से उतरी हैदराबाद

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आईपीएल 2021 के 21वां मैच हार्दिक पांड्या के गुजरात टाइटंस अउर केन विलियम्सन के सनराइजर्स हैदराबाद के बीच बा। एह टूर्नामेंट में दूनों टीम के हालत एक दूसरे के विपरीत रहल बा। गुजरात के टीम लगातार तीन मैच जीत चुकल बा। उहवें हैदराबाद के शुरुआती दू मैच में हार मिलल रहल। चेन्नई के खिलाफ जीत के बाद ई टीम गुजरात के खिलाफ बड़ उलटफेर के इरादा से उतरी। उहवें गुजरात के टीम चाही कि ई मैच जीत के अंक तालिका में पहला स्थान हासिल कइल जाए। गुजरात एह टूर्नामेंट के एकमात्र टीम बा, जौन अब ले कौनो मैच नाइ हारल बा। एकरे बावजूद ई टीम कब्बो अंक तालिका में टॉप पर नाइ पहुंच पवले बा।
मौजूदा समय में गुजरात तीन मैच में छह अंक के संगे अंक तालिका में तीसरका स्थान पर मौजूद बा। आठवां स्थान पर मौजूद हैदराबाद के लग्गे एतने मैच में दू अंक बा।

 

दूनों टीम के संभावित प्लेइंग 11

गुजरात के संभावित टीम
शुभमन गिल, मैथ्यू वेड (विकेटकीपर), साई सुदर्शन, हार्दिक पांड्या (कप्तान), डेविड मिलर, राहुल तेवतिया, अभिनव मनोहर, राशिद खान, लॉकी फर्ग्यूसन, मोहम्मद शमी, दर्शन नालकांडे।

हैदराबाद के संभावित टीम
अभिषेक शर्मा, केन विलियमसन (कप्तान), राहुल त्रिपाठी, एडेन मार्कराम, निकोलस पूरन (विकेटकीपर), शशांक सिंह, वाशिंगटन सुंदर, भुवनेश्वर कुमार, मार्को जानसेन, टी नटराजन, उमरान मलिक/कार्तिक त्यागी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]