[the_ad_group id="30365"]

सहारनपुर में कबड्‌डी खिलाड़ियन के खियावल गइल टॉयलेट में खाना, खेल अधिकारी निलंबित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

लखनऊ/सहारनपुरः उत्तरप्रदेश के सहारनपुर में सोमार के एगो वीडियो वायरल भइल। एह वीडियो में ई दिखावल गइल बा कि पकावल गइल भोजन के टायलेट में रखल गइल बा, जवना के लईकियन द्वारा ले जाके परोसल जा रहल बा। जब एह वीडियो के सच सामने आइल त शासन प्रशासन में खलबली मच गइल।

दरअसल जांच के बाद ई वीडियो सहारनपुर के डॉ.भीमराव अंबेडकर स्टेडियम के निकलल, जहां यूपी अंडर-17 गर्ल्स खातिर कबड्डी कॉम्पिटिशन के आयोजन कइल गइल रहे। एह  प्रतियोगिता में भाग लेवे खातिर आइल 300 खिलाड़ियन खातिर सूखल पड़ल स्वीमिंग पूल में भोजन बनावल गइल रहे। खाना बनला के बाद ओकरा के टायलेट में राख दिहल गइल रहे। जहां मजबूरी में लईकियन के ई खाये के पडल। एह दौरान केहु पूरा घटनाक्रम के वीडियो बनाके सोशल मीडिया प सर्कुलेट क दिहल। ममिला गरम होखला प राजधानी लखनऊ में बइठल अधिकारी एक्शन के मोड में आइल लो आ एह ममिला में जिला के स्पोर्टस ऑफिसर के निलंबित क दिहल गइल। यूपी सरकार के अपर मुख्य सचिव नवनीत सहगल सरकार के ओर से कइल गइल कार्रवाई के जानकारी देले।

यूपी के सहारनपुर में सुक माने 16 सितंबर के यूपी अंडर-17 गर्ल्स खातिर कबड्डी कॉम्पिटिशन के आयोजन कइल गइल।एह कॉम्पिटिशन में यूपी के 17 मंडलन से 300 से जादे खिलाडी पार्टिसिपेट कइले रहे लो। डॉ. भीमराव अंबेडकर स्टेडियम में भइल कॉम्पिटिशन के मेजबानी सहारनपुर के डिस्ट्रिक्ट स्पोर्टस ऑफिसर कइले रहस। खिलाड़ियन आ ओह लो के संगे आइल  कोच के खाये पीये के जिम्मेदारी डिस्ट्रिक्ट स्पोर्टस ऑफिसर के दिहल गइल रहे। खिलाड़ियन के मोताबिक खाये में रोटी, कांच पकल दाल, सब्जी आ चावल बनावल गइल। खाना स्टेडियम के स्वीमिंग पूल में ईंटा के चूल्हा प बनावल गइल रहे। भोजन पकला के बाद ओकरा के टॉयलेट में राखल गइल। वायरल वीडियो में एकर पुष्टि भइल।

खिलाड़ियन के आरोप बा कि लंच के दौरान ओह लो के कांच चावल परोसल गइल, जवना के खाये से कइयन गो खिलाडी मना क देले रहे लो एकरा बाद चावल के टेबुल से हटा लिया गइल आ खिलाड़ी आलू के सब्जी, दाल आ रायता खाके पेट भरे के मजबूर हो गइल लो। खेल अधिकारी अनिमेष सक्सेना के कहनाम बा कि स्टेडियम में निर्माण काम चल रहल बा, एही कारण से खुला में खाना बनावे के पड़ल। बरखा के मौसम होखला के कारण तइयार खाना के टॉयलेट में रखल गइल रहे। खेल अधिकारी मनले कि चावल के क्वॉलिटी खराब रहे, जवना के वापस भेज दिहल गइल।

वीडियो वायरल होखला के बाद ममिला लखनऊ तक पहुंच गइल। मंगर के यूपी सरकार जांच के बाद कार्रवाई कइलस।  यूपी सरकार के अपर मुख्य सचिव नवनीत सहगल बतवले कि लापरवाही के आरोप में में जिला के स्पोर्टस ऑफिसर के निलंबित क दिहल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]