[the_ad_group id="30365"]

कबड्डी खेल प्रतियोगिता के जूनियर वर्ग में हाटा, सीनियर में खड्डा के टीम बनल विजेता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खड्डा। माध्यमिक विद्यालयन के जनपद स्तरीय जूनियर अउरी सिनियर वर्ग के कबड्डी प्रतियोगिता के बृहस्पतिवार के आयोजन कइल गइल। जूनियर वर्ग में हाटा अउर सीनियर में खड्डा के टीम विजेता रहल।
ई एक दिन के प्रतियोगिता खड्डा के श्री गांधी इंटरमीडिएट कॉलेज में भइल। एहमें आठ विद्यालय के टीम हिस्सा लिहलें।

प्रतियोगिता में जूनियर अउर सीनियर वर्ग में सब तहसील के प्रतिभागी भाग लिहले रहने। जूनियर वर्ग में हाटा अउरी खड्डा के टीम के बीच फाइनल मैच खेलल गइल। एहमें हाटा के टीम विजयी रहलें। एही तरे सीनियर वर्ग में खड्डा के खिलाड़ी लोग हाटा के खिलाड़ियन के नौ अंकों से पराजित कs के प्रथम स्थान प्राप्त कइल। प्रधानाचार्य डॉ. अमरजीत पांडेय बतवलें कि एह प्रतियोगिता में सफल दूनों टीम बड़हलगंज में आयोजित होखे वाली मंडल स्तरीय प्रतियोगिता में प्रतिभाग करी।

निर्णायक के भूमिका कमलेश कुमार, अशोक यादव, अजय जायसवाल, प्रदीप मिश्रा निभवलें। उद्घोषक रामअवतार सरोज रहलें। सफल टीम के खिलाड़ियन के आईपीएल चीनी मिल के सिक्योरिटी हेड आदेश कुमार मेडल दे के सम्मानित कइलें। एह अवसर पर प्रवक्ता शेषनाथ राय, विनयकांत सिंह, रितेश पांडेय, होरीलाल पांडेय, सिकंदर गौतम, गिरिजेश मल्ल, अनिल वर्मा, व्यास यादव, सुरेंद्र सिंह, राकेश पांडेय आदि लोग मौजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]