[the_ad_group id="30365"]

स्पाइसजेट के दुगो सीनियर अधिकारी कंपनी छोड़ल लो : 7% से जादे टूटल शेयर; CCO शिल्पा भाटिया आ COO अरुण कश्यप एयरलाइन बिजनेस सुरू करी लो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नकदी संकट आ कानूनी लड़ाई के समाना कs रहल एयरलाइन कंपनी स्पाइसजेट के चीफ कॉमर्शियल ऑफिसर (CCO) शिल्पा भाटिया आ चीफ ऑपरेटिंग ऑफिसर (COO) अरुण कश्यप रिजाइन कs देले बा लो।

मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, भाटिया आ कश्यप संगे मिलके नया चार्टर एयरलाइन बिजनेस सुरू करी। फिलहाल दुनो अधिकारी कंपनी में नोटिस पीरियड पs बा, जवन 31 मार्च के समाप्त हो रहल बा।

अरुण के पत्नी आ शिल्पा के पति बनवले बा लो नया कंपनी

अरुण कश्यप के पत्नी मीनाक्षी कश्यप आ शिल्पा भाटिया के पति अजय भाटिया अगस्त 2023 में सीरियस इंडियन एयरलाइंस प्राइवेट लिमिटेड नाम से एगो कंपनी सुरू कइले रहे। तब स्पाइसजेट कहले रहे कि सीरियस एयरलाइन स्पाइसजेट के कंसेंट के बिना आगे कुछ ना करी।

अरुण कश्यप ने 2022 में पहिलहू छोड़ चुकल रहलें कंपनी

COO अरुण कश्यप एकरा पहिलहू 2022 में स्पाइसजेट छोड़के एअर इंडिया में चीफ ट्रांसफॉर्मेशन ऑफिसर के पद पs जॉइन कs लेले रहलें, बाकिर एक साल के भीतर एअर इंडिया छोड़ फेर से स्पाइसजेट में सामिल हो गइल रहस।

कश्यप जेट एयरवेज आ ओमान एयर में काम कs चुकल बाड़ें। एकरा पहिले ऊ स्पाइसजेट में चीफ प्रोग्राम एंड ट्रांसफॉर्मेशन ऑफिसर के तौर पs काम करत रहलें।

कंपनी के शेयर 7.20% टूटल

कंपनी के दुनो अधिकारियन के रिजाइन के खबर के बाद आज माने मंगर (12 मार्च) के 11:10 बजे एकरा शेयर में 7.20% के गिरावट देखल गइल। स्पाइसजेट के शेयर पिछला एक महीना में 11.99% गिरल बा। हालांकि, पिछला छव महीनन में ई 41.66% आ एक साल में 66.28% के पॉजिटिव रिटर्न देले बा।

कंपनी के मिलल बा ₹1000 करोड़ के इन्वेस्टमेंट

कंपनी के हाले में कइयन गो निवेशकन से करीब 1000 करोड़ रुपिया के फंडिंग मिलल बा। कंपनी फिलहाल रीस्ट्रक्चरिंग फेज में बिया। हाले में, कॉस्ट कटिंग के तहत कंपनी में 800 कर्मचारियन के छंटनी कइल गइल रहे।

₹2,241.50 करोड़ रुपिया जुटावे में लागल कंपनी

11 जनवरी के,  एयरलाइन के शेयरधारक इक्विटी आ वारंट जारी कs के टोटल 2,241.50 करोड़ रुपिया जुटावे के मंजूरी देले रहे लो। एमे 58 संस्थन के इक्विटी जारी कs के 1,591.5 करोड़ रुपिया आ पांच को प्रिफ्ररेंशियल बेसिस पs वारंट इश्यू कs के 650 करोड़ रुपिया फंड जुटावे के रहे।

एकरा बाद 22 फरवरी के कंपनी इक्विटी आ वारंट के प्रिफ्ररेंशियल इश्यू के माध्यम से 316 करोड़ रुपिया के फंड रेज कइले रहे। एकरा पहिले एयरलाइन 26 जनवरी के 744 करोड़ के फंड एयरलाइन में इन्फ्यूज कइले रहे।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]