[the_ad_group id="30365"]

पेटीएम पs एक्सिस-यस बैंक के UPI हैंडल लाइव भइल : @paytm हैंडलो चलत रही, पेटीएम के UPI सर्विस खातिर 4 बैंकन से पार्टनरशिप

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

आपेटीएम पs UPI सर्विसेज देवे खातिर यस बैंक आ एक्सिस बैंक लाइव हो गइल बा, जवना के इस्तेमाल कs के यूजर्स नया UPI हैंडल बना सकत बा लो। अभी तक पेटीएम ऐप पs UPI सर्विस पेटीएम पेमेंट बैंक के माध्यम से मिलत रहे, बाकिर एह बैंक पs RBI रोक लगा देले बा।

पेटीएम पेमेंट बैंक यूजर्स के @Paytm हैंडल देत रहे। अब यूजर्स के यस बैंक @ptyes आ एक्सिस बैंक @ptaxis हैंडल के ऑप्शनो मिली। अभी जवन यूजर @paytm हैंडल के इस्तेमाल करs रहल बा लो ओह लोगन के UPI पहिलही के तरे चलत रही।

पेटीएम के 4 बैंकन के संगे पार्टनरशिप में 5 हैंडल मिलल बा

पेटीएम पेमेंट बैंक पs रोक के बाद पेटीएम के पैरेंट कंपनी वन 97 कम्युनिकेशन के UPI सर्विस जारी रखे खातिर चार बैंकन के संगे पार्टनरशिप में 5 हैंडल मिलल बा। Paytm, @ptyes आ @ptaxis के अलावे @pthdfc आउर @ptsbi

3 हैंडल अभी एक्टिव, HDFC आ SBI के हैंडल जल्द सुरू होई 

एह हैंडल्स में से यस बैंक आ एक्सिस बैंक के हैंडल लाइव हो गइल बा। ओहिजा, HDFC आ SBI के हैंडल @pthdfc आउर @ptsbi अभी एक्टिव नइखे भइल। पेटीएम पेमेंट बैंक के @Paytm हैंडल यस बैंक में रिडायररेक्ट होई।

पेटीएम पेमेंट्स बैंक पs 31 जनवरी के RBI लगवले रहे रोक 

रिजर्व बैंक ऑफ इंडिया (RBI) रेगुलेटरी नियमन के पालन ना करे आ आउर कइयन गो अनियमितततन के चलते 29 फरवरी के बाद पेटीएम पेमेंट्स बैंक के सब बैंकिंग एक्टिविटी बंद करे के आदेश देले रहे। ई आदेस 31 जनवरी के जारी कइल गइल रहे, जवना के बाद में RBI 15 मार्च तक बढ़ा देले रहे।

गूगलपे, फोनपे जइसन ऐप्सन के बा बैंकन से पार्टनरशिप

फोनपे, गूगलपे जइसन UPI ऐप थर्ड पार्टी एप्लीकेशन प्रोवाइडर बा। एकनी के UPI सर्विस खातिर पेमेंट सर्विस प्रोवाइडर (PSP) बैंक्स के संगे पार्टनरशिप बा। हालांकि, पेटीएम के अभी ले बैंक पार्टनरशिप के जरूरत ना रहे, काहेकि PPBL खुद एगो बैंक हs।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]