[the_ad_group id="30365"]

चिंगारी से लागल आग, आधा दर्जन घर जरके खाक: आग तपला के दौरान भइल हादसा, सीओ मदद के देलें आश्वासन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोपालगंज के बरौली थाना के रूपनछाप गांव में सनीचर के आग तापत घरी निकलल चिंगारी से अचानके आग लाग गइल। एह घटना में आधा दर्जन झोपड़ीनुमा घर जरके राख हो गइल। एमे लाखन के समान आ नकदी जरके राख हो गइल। बतावल जात बा कि रूपनछाप गांव निवासी सुरेंद्र महतो के घर के लगे कुछ लोग आग तापत रहे।

कुछ देर के बाद आग के जरत छोड़के ऊ लोग चल गइल। तबे आग से निकलल चिंगारी से पहिले सुरेंद्र महतो के घर में आग लागल आ देखते देखत आधा दर्जन घर के अपना चपेट में ले लेलस। ओहिजा आग के लपटन के देखके ग्रामीणन में अफरा-तफरी मच गइल।

फायर बिग्रेड के टीम आग पs पवलस काबू

स्थानीय लोग जबतक आग पs काबू पाइत तब ले सब झोपड़ी के घर जरके राख हो गइल। ओहिजा एह घटना में घर में रखल सब समान सहित एगो गाय, चार बकरी, दुगो साइकिल सहित सोना-चांदी के जेवरात, कपड़ा, खाद्य सामग्री, बर्तन आदि जरके राख हो गइल।

आग से लाखन रुपिया के नुकसान भइल बा। ग्रामीण लो आग बुझावे के प्रयास कइल, बाकिर आग के लपट एतना तेज रहे कि ऊ आग पs काबू ना पा सकल। सूचना पs पहुंचल स्थानीय पुलिस आ अग्निशमन विभाग के टीम  बहुते मशक्कत के बाद आग पs काबू पवलस।

मदद के देलें आश्वासन

आग लगला के सूचना मिलतही अंचलाधिकारी स्थानीय थाना के पुलिस के संगे मवका पs पहुंचलें आ इस्थिति के जायजा लेलें। ऊ पीड़ितन के हर संभव मदद के आश्वासन देलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]