[the_ad_group id="30365"]

स्पेसएक्स लॉन्च कइलस दुनिया के सबसे शक्तिशाली रॉकेट, जानीं का ह ‘फाल्कन हेवी’ के खास बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अरबपति एलन मस्क इन दिन ट्विटर के ले के काफी चर्चा में बनल बा। अब उ एगो अउर बड़ मिशन लॉन्च कइले बानें। रिपोर्ट्स के मुताबिक मस्क के कंपनी स्पेसएक्स मंगर के दुनिया का सबसे शक्तिशाली रॉकेट ‘फाल्कन हेवी’ लॉन्च क दिहलें। स्पेसएक्स के अधिकारियन के अनुसार, तीन साल के बाद रॉकेट के फ्लोरिडा से सुबह 9:41 बजे लॉन्च कइल गइल।

फाल्कन हेवी रॉकेट से अमेरिकी स्पेस फोर्स के सैटेलाइटों के अंतरिक्ष में भेजल गइल बा। स्पेस फोर्स अपने उपग्रह के कौनो विवरण अभिन ले नइखे दिहलें। साथही कंपनी से अनुरोध कइलें कि स्पेसएक्स अपने लॉन्च लाइव स्ट्रीम के जल्दी समाप्त कs देईं।

ई मिशन स्पेस फोर्स द्वारा बरिस से लेट रहल। एसे पहिले 2018 में एलन मस्क फाल्कन हेवी रॉकेट से अपने दूसर कंपनी टेस्ला के एक लाल स्पोर्ट्स कार के परीक्षण पेलोड के रूप में अंतरिक्ष में भेजले रहनें। एह रॉकेट के वजन दू स्पेस शटर के वजन के बराबर ह, जेकर वजन 63.8 टन ह। 230 फुट लमहर एह रॉकेट में 27 मर्लिन इंजन लागल बा, जौन एह दुनिया के सबसे शक्तिशाली रॉकेट बनावsला। सैटर्न-5 अब तक के सबसे पावरफुल रॉकेट रहल। जेकर नासा चांद पर खोज ख़ातिर उपयोग कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]