[the_ad_group id="30365"]

सितंबर में देश में 26 लाख से जियादा अकाउंट भइल बैन, व्हाट्सएप मासिक रिपोर्ट में दीहलें जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

इंस्टेंट मैसेजिंग प्लेटफॉर्म व्हाट्सएप (WhatsApp) सितंबर में भारत में 26.85 लाख से अधिक अकाउंट्स पर रोक लगवले बा। एहमें से 8.72 लाख अकाउंट्स पर उपयोगकर्ता से कौनो रिपोर्ट मिलले से पहिले ही रोक लगा देहल गइल। व्हाट्सएप मंगर के मासिक रिपोर्ट में ई जानकारी देहलें। एसे पहले कंपनी अगस्त में 23.28 लाख से अधिक अकाउंट पर रोक लगावल गइल रहे। सितंबर में प्रतिबंधित खाता के संख्या अगस्त के तुलना में 15 प्रतिशत अधिक बा।
व्हाट्सएप अपने मासिक अनुपालन रिपोर्ट में कहलें कि एक सितंबर, 2022 से 30 सितंबर, 2022 के बीच 26,85,000 खाता पर रोक लगावल गइल। एहमें से 8,72,000 खाता पर यूजर्स से कौनो शिकायत मिलने से पहिलही रोक लगा दीहल गइल। इंटरनेट के सुरक्षित अउर भरोसेमंद बनावे के सरकार के इच्छा के जवाब में कंपनी के प्रवक्ता एक बयान में कहलेंकि “आईटी नियम 2021 के अनुसार, हमनीं के सितंबर 2022 के महीना के रिपोर्ट पब्लिश कइले बानीं। एह यूजर-सेफ्टी रिपोर्ट में मिलल शिकायतन अउर व्हाट्सएप के ओर से कइल गइल कार्रवाई के डीटेल बा। साथ ही, एहमें हमनीके प्लेटफॉर्म पर गलत उपयोग से निपटले के कंपनी के ओर से उठावल गइल बा कदम भी शामिल बा।”

प्रवक्ता आगे कहलें कि “व्हाट्सएप एंड-टू-एंड एन्क्रिप्टेड मैसेजिंग सेवाओं के बीच अपशब्द के रोकले में इंडस्ट्री के लीडर बा। पिछले कुछ बरिस में हमनी के अपने प्लेटफॉर्म पर अपने यूजर्स के सुरक्षित रखे खातिर आर्टिफिशियल इंटेलिजेंस अउर अन्य टेक्नोलॉजी, डाटा वैज्ञानिकों अउर विशेषज्ञन अउर प्रक्रिया में लगातार निवेश कइले बानें।” अपग्रेड आईटी नियम 2021 के तहत, प्रमुख डिजिटल अउर सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म, जेके पांच मिलियन (50 लाख) से अधिक यूजर्स बानें, उनके मासिक अनुपालन रिपोर्ट (Monthly Compliance Report) पब्लिश करे के होला।

रिकॉर्ड खातिर, सरकार 28 अक्तूबर के संशोधित सूचना प्रौद्योगिकी नियम अधिसूचित कइलें, जेकरे तहत सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म के खिलाफ उपयोगकर्ता के शिकायत दूर करे खातिर अपीलीय पैनल स्थापित कइल जाई। सोशल मीडिया यूजर्स के शिकायत के समाधान खातिर तीन महीना में सरकार द्वारा नियुक्त अपीलीय समिति के गठन कइल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]