[the_ad_group id="30365"]

सपा कार्यकर्ता खुद के दोकान पs खड़ा कइलें बाउंसर, कहलें- टमाटर खातिर मारामारी बा, कवनो विवाद ना होखे 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सोशल मीडिया पs वाराणसी से एगो वीडियो वायरल हो रहल बा, जेमे एगो शख्स टमाटर के रखवाली खातिर अपना दुकान पs बाउंसर खड़ा कs रखले बाड़ें। एह शख्स के नाम अजय फौजी हs। अजय के लेके जानकारी बा कि ऊ समाजवादी पार्टी कार्यकर्ता हवे। अजय के कहनाम बा कि महंगाई जादे बा, टमाटर 150 के पार बा, कवनो विवाद ना होखे एकरा खातिर बाउंसर खड़ा कइल गइल बा।

दरअसल, पिछला कुछ दिनन में तमाम कारणन से टमाटर के भाव बढ़ गइल बा। एकर एगो कारण तs ई बा कि हरियाणा, राजस्थान, यूपी, एमपी के फसल खराब हो गइल बा। जवना के चलते आपूर्ति नइखे हो पा रहल। ओहिजा बीच में पड़ल गरमी आ अब बेहाल करे वाली बरखो एकरा अहम कारणन में सामिल बा। एह सबके बीच लोग टमाटर के बढ़त भाव के लेके तरे-तरे से प्रतिक्रिया दे रहल बा।

किने से जादे देखे वालन के भीड़

काशी में सपा कार्यकर्ता अजय फौजी बढ़ल दामन के देखत टमाटर के रखवाली खातिर बाउंसर रखले बाड़ें। अजय के कहनाम बा कि टमाटर के बढ़त दामन के बीच एकरा चोरी होखे के खबर सामने आइल बाड़ी सs। लोग दुकानन से एकरा के लूटके ले जा रहल बा। जवना वजह से हम दुकान पs बाउंसर खड़ा कइले बानी। मालूम होखे कि बाउंसर के वजह से दुकान पs किने वालन से जादे देखे वालन के भीड़ लागल बा।

अजय फौजी कहलें ई बात

एकर एगो वीडियो सामने आइल बा। जेमें अजय कहत लउक रहल बाड़ें कि टमाटर खातिर कइयन जगहन पs मारपीट के खबर आइल बा, हम टमाटर मंगववले रहनी, कवनो विवाद ना होखे एहिसे दुकान पs बाउंसर लगववले बानी। मालूम होखे कि ई पहिला बेर नइखे जब टमाटर के दाम बढ़ल होखे, हर साल जून महीना के आसपास टमाटर के दामन में बढ़न्ती देखे के मिलेला।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]