[the_ad_group id="30365"]

Foxconn तुडलस Vedanta के संगे डील, सेमीकंडक्टर चिप समझौता से बाहर आवे के ऐलान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

वेदांता लिमिटेड के भारत में सेमीकंडक्टर बनावे के योजना के बड़ झटका लागल बा। ताइवानी कंपनी फॉक्सकॉन सोमार के ऐलान कइले बिया कि ऊ वेदांता के संगे एगो संयुक्त उद्यम (जेवी) से बाहर हो रहल बिया। ई भारत में सेमीकंडक्टर्स खातिर उत्पादन स्थापित कइल गइल रहे। रॉयटर्स के एगो रिपोर्ट के अनुसार, ताइवानी कंपनी कहलस कि, “वर्तमान में वेदांता कंपनी से फॉक्सकॉन नाम हटावे खातिर काम कर रहल बिया। फॉक्सकॉन के अब कंपनी से कवनो संबंध नइखे।” जदि ऊ ऑरिजनल नाम के बना के रखत बा तs एसे हितधारकन के बीच असमंजस रह सकत बा।

रउआ के बता दीं कि आज माने सोमार के सत्र में वेदांता के शेयर बीएसई में 282.25 रुपये पs बंद भइल बा।

मेक इन इंडिया प्रोग्राम में ना आई रुकावट

रिपोर्ट के मोताबिक, कंपनी भारत के सेमीकंडक्टर विकास के लेके भरोसा जतवले बिया। कंपनी भारत सरकार के “मेक इन इंडिया” अभियान के पूरा समर्थन दी। वेदांता कहलस कि ऊ अपना हितधारकन के जरूरतन के पूरा करे खातिर लोकल भागीदारन के संगे काम करी। फॉक्सकॉन आ वेदांता पिछला साल गुजरात में सेमीकंडक्टर आ डिस्प्ले प्रोडक्शन प्लांट बनावे खातिर 19.5 बिलियन डॉलर के निवेश करे खातिर एगो डील पs सिग्नेचर कइले रहे।

कंपनी के एगो बयान में कहल गइल बा कि एक साल से बेसी समय तक फॉक्सकॉन आ वेदांता सेमीकंडक्टर खातिर कड़ा मेहनत कइले बा। ई एगो फलदायी अनुभव रहल बा जवन दुनो कंपनियन के आगे बढ़े में मजबूती दे सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]