[the_ad_group id="30365"]

LPG Price: तेल कंपनी बढ़वली सs कमर्शियल सिलेंडर के कीमत, जानीं केतना भइल दामन में वृद्धि

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गैस सिलेंडर के दामन में बढन्ती कइल गइल बा। जानकारी के अनुसार, 19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमतन में सात रुपिया के बढ़न्ती कइल गइल बा। एह बढ़न्ती के बाद दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर के दाम 1,773 से बढ़के 1,780 रुपिया प्रति सिलेंडर हो गइल। हालांकि, घरेलू एलपीजी सिलेंडर के कीमतन में कउनो बदलाव नइखे कइल गइल।

पिछला कुछ महीनन में गैस सिलेंडर के दामन में काफी उतार-चढ़ाव देखे के मिलल बा। एह में सबसे जादे असर कमर्शियल गैस सिलेंडरन में देखे के मिलल। एह साल, मार्च में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडरन के कीमतन में 350.50 रुपिया प्रति यूनिट बढन्ती कइल गइल। हालांकि, मई में एह कीमतन
में 171.50 रुपिया के कटौती कइल गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]