Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

LPG Price: तेल कंपनी बढ़वली सs कमर्शियल सिलेंडर के कीमत, जानीं केतना भइल दामन में वृद्धि

पिछिला कुछ महीनन में गैस सिलेंडर के दामन में हुते उतार-चढ़ाव देखे के मिलल। एह में सबसे जादे असर कमर्शियल गैस सिलेंडर में देखे के मिलल। एह साल, मार्च में जहां कीमतन में उछाल दर्ज कइल गइल। ओहिजा, मई में एह दामन में कटौती कइल गइल बा।

1,011

गैस सिलेंडर के दामन में बढन्ती कइल गइल बा। जानकारी के अनुसार, 19 किलो वाला कमर्शियल एलपीजी सिलेंडर के कीमतन में सात रुपिया के बढ़न्ती कइल गइल बा। एह बढ़न्ती के बाद दिल्ली में 19 किलो के कमर्शियल सिलेंडर के दाम 1,773 से बढ़के 1,780 रुपिया प्रति सिलेंडर हो गइल। हालांकि, घरेलू एलपीजी सिलेंडर के कीमतन में कउनो बदलाव नइखे कइल गइल।

पिछला कुछ महीनन में गैस सिलेंडर के दामन में काफी उतार-चढ़ाव देखे के मिलल बा। एह में सबसे जादे असर कमर्शियल गैस सिलेंडरन में देखे के मिलल। एह साल, मार्च में कमर्शियल एलपीजी सिलेंडरन के कीमतन में 350.50 रुपिया प्रति यूनिट बढन्ती कइल गइल। हालांकि, मई में एह कीमतन
में 171.50 रुपिया के कटौती कइल गइल बा।

585760cookie-checkLPG Price: तेल कंपनी बढ़वली सs कमर्शियल सिलेंडर के कीमत, जानीं केतना भइल दामन में वृद्धि

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.