[the_ad_group id="30365"]

प्रदर्शन खातिर पहुंचल सपा विधायक लौटावल गइलें वापिस, रविदास मल्होत्रा बोलले- हमनीके आवाज दबावल जा रहल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

समाजवादी पार्टी के ओर से विधानभवन में धरना देवे के एलान कइले के बाद सपा विधायक लोग के नजरबंद कइल जा रहल बा। उनके आवास पर बिहाने से ही पुलिस फोर्स लगा दीहल गइल बा। विधायक रविदास मल्होत्रा बतवलें कि बिहाने 5.00 बजे ही उनके आवास पर पुलिस आ गइल। उनके मॉर्निंग वॉक पर भी नाइ जाए दिहल गइल।
ऊ आरोप लगवलें कि ई तानाशाही पूर्ण रवैया अपनावल जा रहल बा। दूसरा तरफ समाजवादी पार्टी भी ट्वीट क के विधायकन के आवास पर पुलिस फोर्स लगावले के घटना की निंदा कइलें बा।
सपा विधायक रविदास मल्होत्रा कहलें कि सपा विधानभवन में धरना कइले ले घोषणा कइले रहल लेकिन सरकार हमनी के आवाज दबावे खातिर पुलिस के इस्तेमाल कs रहल बिया। पुलिसकर्मी बीतल रात से ही हमरे घर के बाहर तैनात बानें। उ बतवनें कि उनके मीडिया से बात करे से भी रोकल गइल।

ओंने, धरना खातिर विधानभवन पहुंचल सपा विधायकन के वापस लौटा देहल गइल बा अउर धरनास्थल चौधरी चरण सिंह के प्रतिमा के लग्गे पुलिसकर्मी तैनात बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]