[the_ad_group id="30365"]

गोवा में कांग्रेस के बड़ झटका, पूर्व सीएम अउरी नेता प्रतिपक्ष सहित आठ विधायक भाजपा में होइहें शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोवा में कांग्रेस के बड़ झटका लाग सकsता। सूत्रन के हवाले से खबर बा कि राज्य के पूर्व मुख्यमंत्री दिगंबर कामत अउरी नेता प्रतिपक्ष माइकल लोबो समेत कांग्रेस के आठ विधायक भाजपा में शामिल हो सकतने। जानकारी के मुताबिक, विपक्ष के नेता माइकल लोबो कांग्रेस विधायक दल के एगो महत्वपूर्ण बैठक कइलें। एह बैठक में कांग्रेस विधायक दल के भाजपा में विलय कइले पs निर्णय लिहल गइल।

उहवें गोवा भाजपा अध्यक्ष सदानंद शेट तनावड़े ले ओर से दावा कइल गइल बा कि जल्दिए कांग्रेस के आठ विधायक भाजपा में शामिल होइहें। एहमें कांग्रेस के कई बड़ नेता लोग के नाम शामिल बा।

कांग्रेस के लग्गे  बानें अभिन 11 विधायक

40 सीट वाली गोवा विधानसभा में वर्तमान में भाजपा के लग्गे 20 विधायक बानें। उहवें कांग्रेस के लग्गे 11 सीट बा। एकरे अलावा महाराष्ट्रवादी गोमांतक के लग्गे 2 अउरी गोवा फॉरवर्ड पार्टी के एगो सीट बा। उहवें अन्य के खाता में छह सीटे बा। अइसे में अगर कांग्रेस के आठ विधायक भाजपा में शामिल होतने त कांग्रेस के लग्गे विधानसभा में खाली तीन सीट ही बची। उहवें भाजपा के संख्या बढ़कर 28 हो जाई।

ई विधायक छोड़ सकतने कांग्रेस का साथ 

मीडिया रिपोर्ट्स के मानल जाव त दिगंबार कामत, माइकल लोबो, डी लोबो, राजेश फलदेसाई, केदार नायक, संकल्प अमोनकर, अलेक्सो सिकेरा अउर रुडॉल्फ फर्नांडिस कांग्रेस का दामन छोड़ सकsतने। बुधवार के ई विधायक लोग गोवा के मुख्यमंत्री प्रमोद सावंत से मुलाकातो कइल। मानल जा रहल बा कि जल्दिए विधायकन के तरफ से भाजपा में शामिल होखे के घोषणा कइल जा सकsता।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]