[the_ad_group id="30365"]

‘भारत जोड़ो यात्रा में लईकन के इस्तेमाल क रहल बिया कांग्रेस’, राष्ट्रीय बाल अधिकार आयोग से कइल गइल शिकायत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कांग्रेस अपना ‘भारत जोड़ो यात्रा’ के माध्यम से खोवल साख हासिल करे के कोशिश में जुटल बिया। 7 सितंबर से शुरू भइल ई यात्रा दक्षिण भारत के केरल पहुंच चुकल बा। कांग्रेस 150 दिनन में 3500 किलोमीटर के दूरी तय करी।शहर-शहर पहुंचके राहुल गांधी भाजपा आ केंद्र सरकार प जमके निशाना साध रहल बाड़ें।

एही बीचे राष्ट्रीय बाल अधिकार संरक्षण आयोग के एगो शिकायत मिलल बा। जेमे आरोप लगावल गइल बा कि राहुल गांधी, कांग्रेस आ उनकर ‘जवाहर बाल मंच’ नाम के विभाग बच्चन के राजनीतिक तौर प इस्तेमाल कर रहल बा आ उ राजनीतिक गतिविधियन में शामिल होखे खातिर कह रहल बा। 12 सितंबर के एनसीपीसीआर के कांग्रेस के “भारत जोड़ो यात्रा” में बच्चन के शामिल होखे के शिकायत मिलल।

शिकायत में कहल गइल बा, “सोशल मीडिया प कइयन गो परेशान करे वाला तस्वीर आ वीडियो प्रसारित हो रहल बा, जेमे ई देखल जा सकत बा कि बच्चन के निशाना बना के इस्तेमाल कइल जा रहल बा आ राजनीतिक एजेंडा के तहत बच्चन के “भारत जोड़ो यात्रा” अभियान में शामिल कइल जा रहल बा। अभियान में भाग लेवे वाला बच्चन के कांग्रेस के झंडा पकडले आ राजनीतिक नारा लगावत देखल गइल।

आयोग EC से संज्ञान लेवे के कहलस

NCPCR चुनाव आय़ोग से राहुल गांधी के खिलाफ कार्रवाई के मांग करत कहलस कि शिकायत में ले आवल गइल आरोपन के मद्देनजर संज्ञान लिहल गइल बा, काहेकि पहिला नजर में ई बाल अधिकारन के उल्लंघन हs। एकर ओकनी के मानसिक स्वास्थ प प्रभाव पड़ेला आ ई भारतीय संविधान के अनुच्छेद 21 के खिलाफ बा। एनसीपीसीआर चुनाव आयोग से घटनन के गहन जांच करे आ कांग्रेस, ओकर सदस्यन आ राहुल गांधी के खिलाफ आवश्यक कार्रवाई करे के कहले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]