[the_ad_group id="30365"]

दू जन्म प्रमाणपत्र मामिला में सपा नेता आजम खां, अब्दुल्ला आजम अउर डॉ. तजीन फात्मा के भइल कोर्ट में पेशी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सपा विधायक अब्दुल्ला आजम के दू जन्म प्रमाणपत्र होखले के आरोप में दर्ज मुकदमा में सुक्क के सपा नेता आजम खां, अब्दुल्ला आजम अउर डॉ. तजीन फात्मा कोर्ट में हाजिर भइलें। बियफे के भइल सुनवाई के दौरान एमपी-एमएलए कोर्ट तीनो जनी के तलब कइले बा। दरअसल, सपा विधायक अब्दुल्ला आजम के दू जन्म प्रमाणपत्र होखले के आरोप में दर्ज मुकदमा में बियफे एमपी-एमएलए कोर्ट मजिस्ट्रेट ट्रायल में सुनवाई भइल।

सुनवाई के दौरान अब्दुल्ला आजम के अधिवक्ता गवाह से जिरह करे नाइ पहुंचलें। उनके ओर से स्थगन प्रार्थनापत्र दिहल गइल। जेके कोर्ट दस हजार रुपया के हर्जाना पs स्वीकार कइलस। साथही सपा नेता आजम खां, सपा विधायक अब्दुल्ला आजम अउर पूर्व विधायक डॉ. तजीन फात्मा के कोर्ट में व्यक्तिगत रूप से पेश होखे के आदेश दिहलें।

भाजपा विधायक आकाश सक्सेना अब्दुल्ला आजम के दू जन्म प्रमाणपत्र होखले के मामिला में गंज थाना में रिपोर्ट दर्ज करवले रहनें। एह मुकदमा में सपा नेता आजम खां अउर उनकर पत्नी डॉ. तजीन फात्मा भी आरोपी बाड़ी। पुलिस एह मामिला में तीनों के खिलाफ कोर्ट में चार्जशीट दाखिल कर चुकल बिया।

एह मामिला में आजम खां, डॉ. फात्मा अउर अब्दुल्ला जमानत पs चल रहल बानें। एह मामला के सुनवाई एमपी-एमएलए कोर्ट (मजिस्ट्रेट ट्रायल) में चल रहल बा। बियफ़े के भइल सुनवाई के दौरान अब्दुल्ला के वकील लोग कोर्ट में स्थगन प्रार्थनापत्र दाखिल कइले रहनें। कोर्ट एके दस हजार के हर्जाना पर स्वीकार कइलस।

साथही एह मुकदमा के आरोपी आजम खां, अब्दुल्ला आजम अउर तजीन फात्मा के व्यक्तिगत रूप से कोर्ट में पेश होखले के आदेश दिहले रहे। कोर्ट के आदेश के बाद सुक्क के सपा नेता आजम खां, सपा विधायक अब्दुल्ला आजम अउर पूर्व सपा विधायक डॉ. तजीन फात्मा कोर्ट में पेश भइलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]