[the_ad_group id="30365"]

आगरा से आइल 14 नकली दवाइयन के तलाश में जुटल ड्रग विभाग, कैंसर के दवाइयो बा शामिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

पूर्वांचल के सबसे बड़ दवा मंडी भालोटिया मार्केट में 14 नकली दवाई के तलाश में ड्रग विभाग जुट गइल बा। इनकर आपूर्ति आगरा से भइल। एहमें कैंसर, किडनी, लिवर अउर हृदय रोग के दवाई शामिल बा। एह दवाई के ले के शासन अलर्ट जारी कइले बा।

जानकारी के मुताबिक, आगरा के थोक दवा मंडी के जांच उहां के स्थानीय ड्रग विभाग कइलस। जांच में एमएच फॉर्मा पर छापा मारल गइल बा, जहां से काफी मात्रा में दवाई बरामद भइल। एह दवाई पs नामी कंपनियन के लेबल लागल रहे, जेकर कीमत करीब पांच लाख रुपया रहल। एहमें कैंसर, किडनी, लिवर अउर हृदय के बीमारियन के दवाई के सैंपल लिहल गइल।

खाद्य सुरक्षा अउर औषधि प्रशासन (एफएसडीए) के जांच में 14 दवाई अइसन मिलल, जौन नकली रहल। एकरे बाद स्वास्थ्य महकमा अलर्ट मोड पर आ गइल। विभाग 14 नकली दवाई के बैच नंबर जारी कs एकर खरीद अउर बिक्री पs पूरा तरह रोक लगा दिहल गइल।

बतावल जा रहल बा कि ई दवाई हिमाचल के बद्दी में बनल रहल, जहवाँ पs नकली दवा बनावे वाली फैक्ट्री पकडाइल बा। ई दवाई हिमाचल से पहिले आगरा आइल अउर उहां से गोरखपुर के भालोटिया मार्केट में पहुंचल। बतावल जा रहल बा कि करीब आठ से नौ व्यापारी ई दवाई मंगवले बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]